वीरगंज मे ९० जने के चेकजाँच कईला पर ४५ जने मे कोरोना संक्रमण

वीरगंज ०४ बैशाख

वीरगंज मे आजु ४५ जने नयाँ कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन ।

वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे शनिचर के दिने सँझिया ९० जने के स्वाब नमुना परीक्षण कईला पर ४५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डा. सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।

शनिचर के सँझिया संक्रमण पुष्टि भईल ४५ मेसे पर्सा जिल्ला के मात्र ३९ जने बाडन । आउर ६ जने बारा के बाडन ।

पर्सा के ३९ संक्रमित मेसे वीरगंज महानगरपालिका के मात्र ३८ रहल दास जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ६ के १०, वार्ड नम्बर १० के ७, वार्ड नम्बर २ के ६, वार्ड नम्बर १३ के ४, वार्ड नम्बर ३ आ १५ के २÷२, वार्ड नम्बर ४, ७, ९, १२, १४ आ २८ के १÷१ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एहितरे पर्सा के पर्सागढी नगरपालिका ३ के १९ बरीस के पुरुष मे भी संक्रमण पुष्टि भईल दास बतवनी । शनिचर के सँझिया के परीक्षण मे बारा के कलैया उपमहानगरपालिका ४ आ १२ के १÷१ जने तथा जितपुर सीमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर १०, करैयामाइ गाँवपालिका वार्ड नम्बर ६, फेटा गाँवपालिका वार्ड नम्बर ९ आ परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ के १÷१ जने मे भी संक्रमण मिलल बाडन ।

एकरा से पहिले शुक के दिने वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे ९४ जने के पीसीआर परीक्षण कईला पर उ मेसे आधा से बेसी अर्थात् ५७ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल रहे । ५७ जने संक्रमित मेसे पर्सा जिल्ला के मात्र ५० जने रहलन । पर्सा के उ ५० जने मेसे वीरगंज महानगरपालिका के मात्र ४७ जने रहलन ।

वीरगंज मे पिछिलका एक हप्ता मे २ सय ५१ जने नयाँ संक्रमित थपाईल बाडन । वीरगंजस्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे चईत २७ से वैशाख ४ गते तक ५ सय ३२ जने के परीक्षण कईला पर २ सय ५१ जने मे संक्रमण मिललल बा । कोरोना संक्रमण के चलते पिछिलका एक हप्ता मे पर्सा आ बारा के ४ जने के मृत्यु भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।