पूर्वराजा ज्ञानेन्द्र शाह भारत भ्रमण से अईला मे दिप प्रज्जवलन

प्रभु यादव
बारा ०५ बैशाख
पूर्वराजा ज्ञानेन्द्र शाह भारत भ्रमण से नेपाल अईला से दिप प्रज्जवलन कईल गईल बा ।
बारा के कलैया मे सदरमुकाम के मुख्य चौक मे पुर्वराजा समर्थक सब शिवजि साह लगायत के दिप प्रज्जवलन करत स्वागत कईलन । करिब दु हप्ता से भारत के बहुते के भ्रमण कर के स्वदेश आईल उपलक्ष्य मे पुर्वराजा के स्वागत मे दिप प्रज्जवलन कईल गईल शिवजि साह जानकारी करावले बानी ।
भारत के उत्तराखण्ड के हरिद्वार के महाकुम्भ मेला मे आयोजक समिति के निरञ्जन पीठाधीश्वर आचार्य महामण्डलेश्वर स्वामी कैलाशानन्द गिरी हिन्दू सम्राट के हैसियत से सहभागि होखेला नेवता मिलल स्विकार कर के पुर्वराजा साह प्रस्थान गर के सर्मथक साह जानकारी करावले बानी ।
दिप प्रज्जवल कार्जक्रम मे पुर्वराजा सर्मथक शिवजि साह, रामअयोध्या प्रसाद साह, असर्फी साह, यैलेन्द्र पुरूष ढकाल, रोसन मण्डल, उमेश ठाकुर लगायत के सहभागिता रहल रहे । चईत २६ गते भारत भ्रमण मे निकलल पुर्वराजा दिल्ली मे विशेष भेटघाट समेत कईले रहनी । हरिद्धार मे पुग के दक्षिणकाली देवी के पुजा पाठ कईले रहनी । साधुसन्त स्वागत आ सम्मान कईले रहलन ।
हरिद्धार मे पुर्वराजा शाह हजारो के संख्या मे साधुसन्त बिच मे कुम्भ स्नान कईले रहलन । रथारोहन कर के भारत के बहुते जगह मे भ्रमण करावले रहलन । पतञ्जली योगपीठ मे पुग के। बाबा रामदेवजी से ध्यान, योग आ आयुर्वेद बारे मे बृहद छलफल कईले रहलन ।





