पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के पहिलका बईठक पुरा, कोभिड एक्सन टिम गठन

वीरगंज १२ बैशाख

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के नव निर्वाचित समिति के पहिलका बईठक महासंघ के भवन मे पुरा भईल बा ।

बईठक से नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के निर्वाचन शान्तिपुर्ण रुप मे पुरा करईला मे निर्वाचन समिति तथा महासंघ सदस्यलोग मे धन्यवाद ज्ञापन कईले बा । महासंघ के अध्यक्ष अनुप तिवारी के अध्यक्षता मे भईल बईठक से नव निर्वाचित शाखा के खाता सञ्चालन के खातिर अध्यक्ष, सचिव आ अनिवार्य कोषाध्यक्ष के हस्ताक्षर रहेवाला किसिम से खाता सञ्चालन मे लियावे के निर्णय कईले बा ।

दुसरका चरण के कोरोना महामारी मे संक्रमित होखेवाला सञ्चारकर्मी के ईलाज तथा कोभिड के चलते होखेवाला अनेकन समस्या के ध्यान मे राख के राहत, उद्धार तथा सहजोग के खातिर महासंघ के कोषाध्यष संजिव मिश्रा के संयोजकत्व मे ५ सदस्यीय नेपाल पत्रकार महासंघ कोभिड एक्सन टिम गठन कईले बा । समिति के सदस्यालोग मे शाखा के सदस्य अजय चौरसिया, तिवारी यादव, श्याम कुशवाहा आ कविता खड्का रहल बाडन ।

बईठक से कोरोना संक्रमण बढत गईल आ जरुरी ईलाज तथा परिक्षण के कमी देखल गईला के चलते ओकरा उपर जिम्मेवार बने खातिर स्थानीय सरकार आ स्थानिय प्रशासन लगायत के सरोकारवाला के यथाशिघ्र एकर उचित व्यवस्थापन ओरी जिम्मेवार होखे खातिर निहोरा कईले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।