वीरगंज मे एके दिन कोरोना संक्रमण से ३ जने के मृत्यु

वीरगंज १३ बैशाख
पर्सा के वीरगंज मे सोमार के दिने कोरोना संक्रमित ३ जने के मृत्यु भईल बा । मृतक तीन जने पर्सा जिल्ला के बाडन । सोमार के दिन वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे २ जने के आ बयोधा अस्पताल मे १ जने के मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के कोभिड फोकल पर्सन विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
नारायणी अस्पताल मे सोमार के सँझिया पर्सा के बहुदरमाइ नगरपालिका वार्ड नम्बर ७ के ४५ बरीस के संक्रमित जनानी के मृत्यु भईल बा । निमोनिया से ग्रस्त उ जनानी एतवार के दिने नारायणी अस्पताल मे भर्ना भईल रहनी ।
नारायणी अस्पपताल मे सोमार के दिने एन्टिजेन प्रविधिमार्फत कोरोना चाँज कईला पर उनका कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । ईलाज के समय मे उनकर सोमार के सँझिया ६ बजे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।
सोमार के सँझिया हि वीरगंज के गण्डकस्थित बयोधा अस्पताल मे, वीरगंज महानगरपालिका–८ के ३८ बरीस के संक्रमित जनानी के मृत्यु भईल बा । कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद उ जनानी सोमार के दिने हि दुपहरिया बयोधा अस्पताल मे भर्ना भईल रहनी ।
बयोधा अस्पताल मे ईलाज के समय मे उ जनानी के सोमार के सँझिया पौने ६ बजे मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के कोभिड फोकल पर्सन श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।
एकरा से पहिले सोमार के दिने हि सबेरे नारायणी अस्पताल मे वीरगंज के एक पुरुष के मृत्यु भईल बा । सोमार के सबेरे वीरगंज महानगरपालिका–६ आदर्शनगर के ६० बरीस के पुरुष के नारायणी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा । निमोनिया से ग्रसीत उ पुरुष मे बैशाख २ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद बैशाख ३ गते नारायणी अस्पताल मे भर्ना भईल रहलन ।
नारायणी अस्पताल मे ईलाज के समय मे उनकर सोमार के दिने साढे ९ बजे मृत्यु भईल अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।
कोरोना के दुसरका लहर सुरु भईला के बाद कोरोना संक्रमण के चलते वीरगंज मे मृत्यु होखेवाला के संख्या १४ पुगल बा । मृतक १४ जने मेसे पर्सा के ११ जने, बारा के २ आ सर्लाही के १ जने बाडन ।
सोमार के दिने ३ जने संक्रमित के मृत्यु भईला के बाद वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे सोमार के सँझिया तक अब ५१ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन । उ सभी संक्रमित के अवस्था जटिल रहला से अक्सिजन लगाके राखल डाक्टर दास जानकारी देहनी ।
एहितरे बयोधा अस्पताल मे अब १२ जने संक्रमित ईलाज करा रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के कोभिड फोकल पर्सन श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।





