सप्तरी मे जोर बिजोर प्रणाली उल्लंघन करके चलावल १७२ सवारी नियन्त्रण मे

सप्तरी २० वैशाख

सप्तरी मे जोर बिजोर प्रणाली उल्लंघन करके चलावल गईल १७२ गो सवारी साधन के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय सप्तरी के प्रवक्ता माधवप्रसाद काफ्ले के मुताविक जोर बिजोर प्रणाली उल्लंघन करके चलावल गईल १३ गो चारचक्के आ १५९ गो मोटरसाइकल के सप्तरी के अनेकन जगहा से नियन्त्रण मे लेहले बा ।

जिल्ला मे कोरोना संक्रमण बढल अवस्था मे रहला से नियन्त्रण तथा रोकथाम के खातिर जोर बिजोर प्रणाली मे सवारी साधन चलावेके कहला पर भी उल्लंघन करेवाला सवारी साधन के नियन्त्रण मे लेके सवारी धनी के जरिवाना कईल काफ्ले बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।