पर्सा पुलीस के व्यक्तिगत स्वास्थ्य सुरक्षा सामान सहजोग मिलल

वीरगंज २१ बैशाख

वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ पुलीस के खातिर अनेकन व्यक्तिगत स्वास्थ्य सुरक्षा सामान सहजोग कईले बा । नेपाल औषधि उत्पादक संघ सँगे सहकार्य करके संघ जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के व्यक्तिगत स्वास्थ्य सुरक्षा सामान सहजोग कईले बा ।

वीरगंज मे कोरोना संक्रमण के दुसरका लहर तेजी से फईलला के बाद अभी निषेधाज्ञा लगावल गईल बा । सर्वसाधारण के निषेधाज्ञा पालना करावे खातिर सुरक्षाकर्मीलोग सडक मे खटल बाडन । उलोग के खातिर सहजोग पुगो कहके उद्देश्य से स्वास्थ्य सुरक्षा सामान प्रदान कईल वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष सुवोध गुप्ता बतवनी ।

संघ मंगर के दिने १ सय एमएल के ७३० थान स्यानिटाइजर, ५ लिटर के ४ ग्यालेन (२० लिटर) स्यानिटाइजर, फेसशिल्ड १ सय थान, अक्सिमिटर ४ थान आ कोभिड संक्रमित के ईलाज मे प्रयोग होखेवाला अनेकन दवाईसब भईल प्याकेट २२० थान सहजोग कईल जनवले बा । सघं मंगर के दिने हि चार सय थान स्यानिटाइजर सशस्त्र पुलीस के भी उपलब्ध करवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।