जनकपुरधाम प्रादेशिक अस्पताल मे ८ गो भेन्टिलेटर जडान

जनकपुरधाम २४ वैशाख
प्रदेश २ के सामाजिक विकास मन्त्रालय प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम मे ८ गो भेन्टिलेटर उपलब्ध करवले बा ।
काठमाण्डु से मँगावल गईल भेन्टिलेटर अस्पताल आइल आ जडान होखेके समय मे रहल मन्त्रालय जनवले बा । कोरोना ईलाज केन्द्र के प्रवक्ता डा. मनिष पाण्डे प्राविधिकलोग भेन्टिलेटर जडान करके परीक्षण कर रहल बतवनी ।
ई अस्पताल मे एकरा से पहिले भईल ५ गो भेन्टिलेटर बिगडल रहे । बुध के एक जने मरेजी के भेन्टिलेटर के सपोर्ट देहल कुछ देर मे बिगडला के बाद मर्मत कईला पर भी बने ना सकल रहे । एकरा से भेन्टिलेटर के सपोर्ट जरुरी रहल मरेजी के बाहर पठावेके बाध्यता उत्पन्न भईल रहे ।
माकिर नयाँ भेन्टिलेटर अईला के बाद अईसन अवस्था ना रहेके डा. पाण्डे बतवनी । प्रदेश के सामाजिक विकास मन्त्री नवलकिशोर साह के मुताविक २ गो भेन्टिलेटर नारायणी अस्पताल के पठावल गईल बा ।






