निषेधाज्ञा मे महंगा मे सामान बेंचेवाला व्यापारी पोद्दार पकडईलें

वीरगंज ०७ जेठ
कोरोना महामारी आ निषेधाज्ञा के समय दोकान खोल के बेसी दाम मे सामान बेचल आरोप मे पुलीस वीरगंज से एक जने व्यापारी के पकडले बा । वीरगंज १० आदर्शनगरस्थित नगरसभागृह किनार मे रहल न्यू पप्पु किराना दोकान के सञ्चालक ५० बरीस के लक्ष्मण पोद्दार के पुलीस शुक के दिने पकडले बा ।
पाउरोटी बनावे मे प्रयोग करेवाला बेकिङ पाउण्डर ५०० ग्राम के बजार मुल्य १०५ रोपेया पडेला । माकिर पोद्दार उ सामान ३ सय ८० रोपेया मे बिक्री कईला से पुलीस उनका के शुक के दिने दोकान से नियन्त्रण मे लेहले बा ।
कोरोना नियन्त्रण के चलते निषेधाज्ञा लगावल गईल समय बजार बन्द रहल आ उहे समय मे पोद्दार बेसी दाम मे सामान बिक्री करके कालाबजारी कईल सिकाईत पुलीस कार्याय मे पुगल रहे । शुक के दिने खटल पुलीस टोली न्यु पप्पु किराना पसल मे पुग के अनुगमन कईले रहे । उ समय मे ५०० ग्राम के बेकिङ पाउडरके बट्टा मे उत्पादक से १०५ रोपेया अंकित कईला मे ओमे पोद्दार करिया पोत के ३ सय ८० लिखल मिलला के बाद उनका के पकडल गईल प्रहरी नायव उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल बतवनी ।
दोकान के १२ पिस बेकिङ पाउडर के डब्बा के साथे पोद्दार के नियन्त्रण मे लेके जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के हिरासत मे राखल उ जानकारी देहनी ।






