नारायणी अस्पताल के स्वास्थ्य सामान सहजोग

वीरगंज १२ जेठ
नारायणी अस्पताल मे अनेकन स्वास्थ्य सामान आ उपकरण सहजोग कईल बा । चर्चित अभिनेत्री मनिषा कोइराला आ वीरगंज महानगरपालिका नारायणी अस्पताल मे अनेकन स्वास्थ्य सामान तथा उपकरण सहजोग कईले बाडन ।
कोरोना संक्रमित के ईलाज कर रहल वीरगंज के एक मात्र सरकारी अस्पताल नारायणी अस्पताल ह । अस्पताल १४५ बेड कोरोना संक्रमित के ईलाज के खातिर छुट्यवले बा । अस्पताल मे अभी १०५ जने कोरोना संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।
बुध के दिने अभिनेतृ कोइराला से पठावल ४ थान नन इन्भेसिभ भेन्टिलेटर (सिप्याप), पीपीई सेट, फेसशिल्ड, मास्क १÷१ सय थान आ फुल फेस मास्क ३ थान हस्तान्तरण कईल पत्रकार चन्द्रकिशोर जानकारी देहनी । उ सामान तथा उपकरण समाजसेवी रामनारायण कुर्मी अस्पताल परिसर मे पुग के अस्पताल विकास समिति के अध्यक्ष पुरेन्द्र किशोर लाभ के हस्तान्तरण कईलन । कुर्मी पईसा आ पहुँच ना होखेवाला आदमी ईलाज के कमी से अकाल मे मृत्युवरण करेके अवस्था आवे ना देवे खातिर स्वास्थ्य सामान के उपयोग होखेके विश्वास व्यक्त कइनी ।
बुध के दिने हि वीरगंज महानगरपालिका ३ थान इन्भेसिभ भेन्टिलेटर सहजोग कईल नारायणी अस्पताल के चिकित्सक डा. उदयनारायण सिंह जानकारी देहनी ।






