सशस्त्र के डीआईजी गौतम कईलें वीरगंज नाका के निरीक्षण

वीरगंज १३ जेठ
सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल छिनमस्ता बाहिनी मुख्यालय प्रदेश २ महोत्तरी के प्रमुख सशस्त्र प्रहरी नायब महानिरीक्षक (डीआईजी) चन्द्रप्रकाश गौतम वीरगंज नाका के स्थलगत निरीक्षण कईले बाडन ।
गौतम के सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक सुवर्ण बम नाका के गतिविधि के बारे मे जानकारी करवनी । उनका मुताविक २०७७ चईत २३ गते एने नाका मे १ हजार ९८८ जने के एन्टिजेन परीक्षण कईला पर १८७ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । निषेधाज्ञा मे भी नाका होत मछरी मासु, फलफूल, तरकारी आ कोइला लादल १५० से २ सय गो गाडी ओहोरदोहोर कर रहल बा ।
सीमा मे सशस्त्र प्रहरी नायब उपरीक्षक भा सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक के नेतृत्व मे स्क्वाड ट्याक्टिकल टिम गठन करके शान्ति सुरक्षा आ अवैध गतिविधि नियन्त्रण के काम कर रहल डीआईजी गौतम बतवनी । उ सीमित स्रोत साधन के उच्चतम प्रयोग करके सीमा क्षेत्र मे कडाइ कईल दाबी कइनी । उ प्रदेशस्थित पीसीसीएमसी आ आठ गो जिल्ला के डीसीसीएमसी सँगे आ आउर सरोकारवाला निकाय सँगे के समन्वय मे सशस्त्र पुलीस काम कर रहल बतवनी ।
प्रदेश २ के आठ जिल्ला मेसे ७ गो मे पूर्ण आ सप्तरी मे आंशिक निषेधाज्ञा बा । वीरगंज, रौतहट के गौर आ महोत्तरी के भिठ्ठामोड से मात्र सर्वसाधारण के जरुरी काम के खातिर आवे जाए देवेके अनुमति देहल गईल बा । माकिर तोकल गईल जगहा बाहेक दोसर जगहा से नेपाली तथा भारतीय नागरिक आवतजावत कर रहला पर सशस्त्र पुलीस रोके ना सकेके कहके आलोचना हो रहल बा । बागमती प्रदेश ८५ जने आ तालिम केन्द्र से भी आउर जनशक्ति पठावल गईल बा ।
एहितरे दुसरका चरण के कोभिड–१९ संक्रमण बढत गईला के बाद सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल छिनमस्ता गण बाहिनी मुख्यालय प्रदेश २ महोत्तरी नेपाल भारत सीमा क्षेत्र मे कडाइ करके उच्च सतर्कता अपनवले बा । भारतीय के सीमा क्षेत्र से नेपाल आवे ना देवे खातिर प्रदेश २ के आठ गो जिल्ला के दक्षिणी भाग मे रहल सीमानाका मे उच्च सतर्कता अपनाके आवतजावत मे कडाइ कईल प्रदेश २ के सशस्त्र प्रहरी नायब महानिरीक्षक चन्द्रप्रकाश गौतम बतवनी ।
प्रदेश २ के पूर्वी नाका सप्तरी से पश्चिम पर्सा के नाका तक ४६४ किलो मिटर सीमा क्षेत्र बा । उ सीमानाका मे ७२ बिओपी आ ३९ एफओपिका पोष्ट बा । उ पोष्ट मे तैनाथ सशस्त्र प्रहरी के भारत से आवेके आ भारत ओरी जाएवाला के कडाइ के साथ रोक लगावे खातिर निर्देशन देहल गईल डिआजी गौतम बतवनी ।
ई सम्बन्ध मे सहजोग करे खातिर भारतीय समकक्षी से नियमित समन्वय कईल गईल, जथाभावी नेपाल प्रवेश करेवाला के फिर्ता पठावे लगावल गईल जनावल गईल बा । एहितरे जबर्जस्ती प्रवेश करेवाला के कारवाही करेके, सीमा क्षेत्र के खुदे स्वयं नियमित निरीक्षण करेके, आपराधिक गतिविधि नियन्त्रण करेके, भारत से कउनो सामान आवे ना देवेके जईसन काम करके सीमा क्षेत्र मे कडाइ कईल बतावल गईल बा ।






