क्लब बारा के संचारकर्मी लोग के स्वास्थ्य सामाग्री देहलें

प्रभु यादव
बारा १९ जेठ
बारा के कलैया मे आपन राधेमाई युवा क्लव वीरंगज–१३ सञ्चारकर्मी लोग के स्वास्थ्य समाग्री देहले बा ।
बारा जिल्ला के संचार क्षेत्र मे सक्रिय रूपमे काम कररहल पत्रकार लोग के कोभिड से बँचेला क्लव स्वास्थ्य सामाग्री सहजोग कईले बा । बारा मे रहल करिब सभे संचार क्षेत्र मे काम करेवाला २३ जने पत्रकार लोग के स्वास्थ्य सामाग्री देहल गईल मिडिया पार्टनर विश्व सुचना नेटवर्क के अनिल वर्मा जानकारी करावले बानी ।
पत्रकार महासंघ बारा शाखा कुछ दाता लोग के देहल स्वास्थ्य सामाग्री सक्रिय सञ्चारकर्मी तक ना पहुचा के आपन नाता गोता के देहल कईल बहुते समाजिक संजाल मे आईल देखला से दातृ क्लव के समिति लोग के सहभागिता मे स्वास्थ्य सामाग्री देहल गईल वर्मा जनकारी करावले बानी ।
स्वास्थ्य सामाग्री लेहत पत्रकार लोग के हकहित संरक्षण करेवाला संस्था पत्रकार महासंघ बारा शाखा समस्या ना बुझल जवना के क्लव पूरा कईले बा सराहनिय रहल जनकारी करावले बानी । स्वास्थ्य सामाग्री वितरण कार्जक्रम क्लव के सल्लाहकार मुकेश श्रीवास्तव के सभापतित्व मे भईल जवना मे नेपाल पत्रकार महासंघ बारा शाखा के उपाध्यक्ष रामबाबु मेहता, सदस्य पन्नालाल दास, प्रदेश नम्वर २ के पूर्व समिति सदस्य सिकेन्द्र पासवान, पत्रकार शिवशंकर मिश्रा, अजय साह, रमेश साह, श्रीकान्त साह, संजिव मिश्रा, सावित्री शर्मा लगायत के सहभागिता रहल रहे ।
अपन राधेमाई युवा क्लव वीरंगज के अध्यक्ष पवन यादव, सचिव विनय कुशवाहा आ सदस्य सोनु पटेल पत्रकार लोग के साबुन, माक्स, सेनिटाईजर, चेहरा छेकेला सिसा लगायत के समान सब देहनी ।






