ईलाज के समय मे पाँच कोरोना सङ्क्रमित के मृत्यु

वीरगंज २१ जेठ
बितल २४ घण्टा भितर वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे भर्ना रहल पाँच कोरोना सङ्क्रमित के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।
श्वासप्रश्वास मे समस्या तथा कडा निमोनिया से ग्रसित रहल चार पुरुष आ एक जनानी सङ्क्रमित के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।
मृत्यु होखेवाला मे वीरगंज महानगरपालिका निवासी दु आ रौतहट निवासी तीन कोरोना सङ्क्रमित रहल नारायणी अस्पताल के कोभिड संयोजक डा सरोजरोशन दास जानकारी देहनी । उ वीरगंज–१६ नगवा निवासी ५५ बरीस के पुरुष के बियफे के दिन के १२ः२० बजे आ वीरगंज–१७ अलौं निवासी ८० बरीस के पुरुष के बियफे के सबेरे ७ः०० बजे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बतवनी ।
एहितरे रौतहट के गौर नगरपालिका–७ निवासी ७० बरीस के जनानी के बियफे के सबेरे २ः३०, बरथवा नगरपालिका–५ निवासी ५५ बरीस के पुरुष के बियफे के रात ९ः५५ आ रौतहट के रौधामाई नगरपालिका–६ निवासी ४० बरीस के पुरुष के रात ८ः५० बजे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल जनवले बा ।





