महागढीमाई नगरपालिका के रु ५६ करोड के बजेट सार्वजनिक

प्रभु यादव
बारा ०९ असाढ
बारा के महागढीमाई नगरपालिका के पाँच वाँ नगर सभा करत आ ब ०७८÷७९ के नीति तथा कार्जक्रम सर्वजनिक कईले बा ।
नीति तथा कार्जक्रम मे ५६ करोड ७३ लाख ८ हजार के बजेट सार्वजनिक कईले बा । पांच वाँ नगर सभा मे नगर प्रमुख उपेन्द्र यादव नेपाल सरकार से बितिय समानिकरण अनुदान १५ करोड ९५ लाख, राजश्व भांडफाड ९ करोड ५४ लाख ४८ हजार, सशर्त अनुदान २३ करोड ८९ लाख, समपुरक अनुदान १ करोड ४५ लाख आ विशेष अनुदान ८३ लाख कर के ५१ करोड ६६ लाख ४८ हजार रहल जनकारी करावले बानी ।
प्रदेश सरकार से समानिकरण अनुदान १ करोड १० लाख ८७ हजार, राजश्व बाँडफाड ४५ लाख ७३ हजार, बिशेष अनुदान ३० लाख आ समपुरक अनुदान २० लाख कर के २ करोड ६ लाख ६० हजार रहल अउरी नगरपालिका के आन्तरीक स्रोत तीन करोड चलावे के अनुमानित कईल गईल मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।
नगर प्रमुख यादव आवेवाला वरिस के बजेट भौतिक पुर्वाधार विकास, शिक्षा, स्वास्थ खाने पानी, नागरिक सशक्तीकरण, मानव विकास, कृषि तथा पशुपालन, सन्तुलित एवम हरित नगर विकास समतामुलक विकास खातिर लक्षित मुखि विकास कार्जक्रम मे खर्च करे के मेयर यादव जनकारी करावले बानी । नगर के जनता सब के रोजगारी बढावेला पढेवाला लईका लईकी सब के प्राविधिक शिक्षा मे विशेष जोड देवे के कार्जक्रम रहल मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।
एमविविएस आ स्नातक तह मे सिभिल ईन्जिनियरिङ शिक्षा हासिल करेवाला सरकारी छात्रवृती मे पढेवाला के एमविविएस मे बार्षिक दलित भईला पर दु लाख गैर दलित भईला पर एक लाख अउरी ईन्जिनियरिङ ओर दलित के एक लाख गैर दलित के ५० हजार छात्रवृति देवे के कार्जक्रम लियावल गईल मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।
पांच वाँ नगर सभा नेपाली काग्रेस के केन्द्रीय सदस्य राधेचन्द्र यादव के प्रमुख अतिथ्यता मे भईल जवना मे पूर्व राष्ट्रिय सभा सद्स्य रमेश यादव, नेपाली कांग्रेस बारा क्षेत्र २ के सभापति रामप्रवेश यादव, उप प्रमुख तारा देबि कानु, वार्ड अध्यक्ष लगायत संघ संस्था प्रतिनिधि आ संचारकर्मी के सहभागिता रहल रहे ।






