१५ किलो गाँजा सहित एक जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा १३ असाढ

बारा मे १५ किलो लागू औषध गाँजा सहित एक जने पकडाईल बाडन ।

पर्सा जिल्ला के पकहामैनपुर गाँवपालिका वार्ड नम्वर १ के ३६ बरीस के राजमह्मद मिया हजाम लागुऔषध गाँजा सहित पकडाई प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

पथलैया से वीरंगज जाएवाला रास्ता मे ईलाका प्रहरी कार्यालय जितपुर से खटल टोली चेक जाँच करे के बेर मे हजाम पिठ पर राखल झोरा मे एक पोका आ सवार साईकल के किलियर मे राखल एक पोका कर के १५ किलो अवैध लागुऔषध गाँजा पकडल प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर ७ जितपुर से जैतापुर जाएवाला रास्ता के पास से प्रहरी हजाम के पकडले बा । पकडाईल हजाम के अवैध लागू औषध कानुन अनुसार के मुद्दा दर्ता कर के अनुसन्धान कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।