४० किलो गाँजा आ खैरो हिरोईन सहित पर्सा से तीन जने पकडईलें

वीरगंज १६ असाढ

पर्सा के पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका से पुलीस लागुऔषध गाँजासहित दु जने के पकडले बा ।

पकडाएवाला मे मकवानपुर के राक्सीराङ गाँवपालिका–५ रहेवाला ३९ बरीस के बिरबहादुर प्रजा आ १९ बरीस के सोनालाल प्रजा रहल बाडन । मकवानपुर के मनहरी लोथर होत पर्सा राष्ट्रिय निकुंज के जङ्गल के रास्ता होके लागू औषध गाँजा तस्करी हो रहल विशेष सूचना के आधार मे पुलीस टोली खटल रहे ।

मंगर के सबेरे १ बजे पटेर्वासुगौली–२ मकवानी चौरी मे शंकास्पद रुप मे चल रहल उलोग के ईलाका प्रहरी कार्यालय पटेर्वासुगौली के टोली नियन्त्रण मे लेके पुछपाछ तथा चेकजाँच कईले रहे ।

उलोग पिठ पर लाद के लियावल ३ गो बोरा भितर लागु औषध गाँजा ४० किलो मिलल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

गाँजासहित उलोग के जरुरी कारबाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे राखल पुलीस जनवले बा । एहितरे पर्सा पुलीस लागु औषध खैरो हिरोइन सहित एक जने भारतीय नागरिक के पकडले बा ।

पकडाएवाला मे भारत विहार मोतिहारी के ३५ बरीस के मन्टु पण्डित कुम्हाल रहल बाडन । पकडाईल उनकर साथ से पुलीस ५ ग्राम १८० मिलिग्राम लागु औषध खैरो हिरोइन बरामद कईले बा । उनका उपर पाइन्ट के दाहिने जेभी मे चोरालुका के लागु औषध खैरो हिरोइन राखल आरोप बा ।

साथे लागुऔषध सम्बन्धी कसूर मे अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायव उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।