स्थानिय प्रशासन के आदेश के धज्जी उडावत बैंक कर्मचारीलोग कईलन बिरोध प्रदर्शन

वीरगंज २१ असाढ
अभी कोभिड–१९ के महामारी के समय भईला से स्थानिय प्रशासन भिडभाड ना करे खातिर निषेधाज्ञा जारी कईले बाडन । माकिर आजु वीरगंज मे बैंकरलोग स्वास्थ्य सुरक्षा मापदण्ड बिना पालना करत बिरोध प्रदर्शन कईले बाडन । ई बिरोध प्रदर्शन के स्थानिय सचेतवर्ग आपत्ति जनवले बाडन ।
नागरिक के जीवन सँगे प्रत्यक्ष सरोकार राखेवाला आर्थिक कारोबार होखेवाला बैंक मे भी राजनीति हावी होखे लागल बा ।
नेपाल सरकार वितल बरीससब से हि कारोबार के बैंक मार्फत लेजाए खातिर रहल अवस्था मे समय समय मे बैंक से पईसा गायब होखेके, खाताधनी के हस्ताक्षर विना पईसा निकलेके, संयुक्त खाता से बैंक के कर्मचारीलोग के मिलीभगत मे एकजना खाताधनी पईसा निकालल जईसन घटनासब समय समय मे सार्वजनिक भईला सँगे आम जनताबस के बैंक से भी विश्वास ओराएवाला किसिम से अभी कुछ कर्मचारीलोग के फोहरी राजनीति शुरु भईले बाडन ।
आम नागरिक लगायत देश के मुटु हि ह आर्थिक अवस्था आ आर्थिक कारोबार करेवाला बहुते सम्वेदनशील सँस्था ह बैंक । माकिर कुछ दिन एने कुछ बैंक आ कुछ बैंक के कर्मचारीलोग के निजी स्वार्थ के खातिर दिन प्रतिदिन बैंक से भी सर्वसाधारण के विश्वास ओरात गईल अवस्था मे फेनु वीरगंज मे एगो घटना सार्वजनिक भईल बा ।
कहल जाला घर भितर के समस्या के घर भितर सुल्झावेके पडि, ना त बैंक जईसन सम्वेदनशील सँस्था उपर सवाल उठे लागला पर राज्य के कति नोक्सानी होखी उ अनुमान भी लगावल ना जा सकता । इहे समय मे वीरगंज मे बैंक के कर्मचारीलोग कुछ माग राखत आन्दोलन मे उतरल बाडन । बैंक सँगे समस्या बा त बैंक सँगे रहके सुल्झावेके जगहा मे कुछ ठेकेदार पत्रकारलोग के बहकाव मे आके बैंक के कर्मचारीलोग बैंक मे आपन समस्या ना राख के बैंक बाहर आन्दोलन मे उतरल बाडन ।
वीरगंज महानगरपालिका भितर रहल बैंक के कर्मचारीलोग समाजिक सुरक्षा भत्ता के विरुद्ध मे बैंक मे समस्या ना राख के पूराना बसपार्क मे जाके आन्दोलन कईले रहलन । आपन मांग उपर गम्भिर होखेके कहत बैंक के कर्मचारीलोग वीरगंज के पुराना बसपार्क मे आन्दोलन कईले बाडन । आपन–आपन पहँुच के दम्भ बतावत बैंकरलोग से कईल आन्दोलन मे कुछ तुछ मनोवृत्ति मानसिकता लेहल आदमीसब के भी सकृयता रहल मिलल । पत्रकारिता के आड मे ठेकेदारी चलावत आईल उ आदमीसब के बहकाव मे आके बैंकरलोग आन्दोलन मे उतरल बतावल गईल बा । उ कर्मचारीलोग बेतुक के आपन प्रचार प्रसार करे खातिर सभी पर्सेली पत्रकार के नाम मे ठेकेदार पत्रकार के रोपेया भी देहल बतावल गईल बा । आपन प्रचार प्रसार करे खातिर पत्रकारलोग के नाम मे उ ठेकेदार पत्रकार के बैंकरलोग २० हजार रोपेया देहल समाचार स्रोत जनवले बा ।
बैंक के कर्मचारी आन्दोलन कईला पर पहिले र्बैंक से समन्वय करेके चाहिं, ओकरा से समस्या के समाधान ना भईला पर बंैक के अगाडी साँकेतिक आन्दोलन करेके चाहिं, ओकरा से भी समस्या के समाधान ना भईला पर आउर रास्ता अपनावेके चाहिं माकिर उ ठेकेदार के सुझाव मे बैंक के कर्मचारीलोग बैैंक बद्नाम होखेवाला किसिम से हि भड्किलो प्रचारवाजी सहित आन्दोलन मे उतरल बाडन । सामाजिक सुरक्षा कोष ऐन नियमावली तथा कार्यविधि मे बैंक तथा वित्तीय संस्था आ बीमा कम्पनी के कर्मचारी युनियनलोग संयुक्त रुप मे पेश कईल सुझावसब के सम्बोधन ना कईला से खुदसब विरोध मे उतरल बैंकरलोग के कहनाम बा ।





