नेशनल मेडिकल कलेज के आईओएम पुछलख स्पष्टीकरण

काठमाण्डु २१ असाढ

सरकारी छात्रवृत्ति मे पढल विद्यार्थी सँगे शुल्क मागल विषय मे त्रिभुवन विश्वविद्यालय के चिकित्सा शास्त्र अध्ययन संस्थान (आईओएम) वीरगंज के नेसनल मेडिकल कलेज के स्पष्टीकरण पुछले बा ।

सरकारी छात्रवृत्ति मे पढल विद्यार्थी सँगे शुल्क माँगल विषय मे कलेज सँगे जानकारी माग कईल आईओएम के डिन प्रा.डा.दिव्या सिंह शाह बतवनी । ‘आयोग परीक्षा सामेल करावेके कहके पत्र पठवले बा । हमनी कलेज के पुछल गईल बा । कलेज जवाफ पठवले नईखे’ उ कहनी ।

परीक्षा फारम भरे खातिर अन्तिम मिति मंगर के दिने ओरात बा । समस्या मे पडल विद्यार्थी रामजी राम खुद फारम भरे मिलेके भा ना मिलेके बारेमे कहुँ से जानकारी ना आईल बतवनी । उ कहनी, ‘फारम भरेके बिहान अन्तिम दिन ह अभी तक कउनो जानकारी आईल नईखे ।’

सरकारी छात्रवृत्ति मे एमबीबीएस पढ रहल रामजी राम लगायत के विद्यार्थी सँगे नेशनल मेडिकल कलेज अनेकन शीर्षक मे शुल्क मागल आ ना तिरला पर परीक्षा फारम भरेमे रोक लगावल समाचार सार्वजनिक भईल रहे ।

ओकरा बाद चिकित्सा शिक्षा आयोग रामजी राम लगायत के विद्यार्थी के समस्या बुझ के अतिरिक्त शुल्क ना लेके परीक्षा मे सामेल करावे खातिर पहल करे खातिर आईओएम के पत्र पठवले रहे ।

आयोग के सदस्य सचिव डिल्लीराम लुईंटेल नेसनल मेडिकल कलेज के भी विद्यार्थी सँगे अतिरिक्त शुल्क ना लेवे खातिर आ परीक्षा मे सामेल करावे खातिर पत्र पठावल बतवनी । आयोग सदस्य भी रहल कलेज सञ्चालक बसरुद्दिन अन्सारी के भी मौखिक रुप मे विद्यार्थी के परीक्षा मे सामेल करावे खातिर निर्देशन देहल जनवले बा ।

विद्यार्थीलोग अन्योल मे

परीक्षा फारम भरेके अन्तिम मिति मंगर के दिने ओरात बा । समस्या मे पडल विद्यार्थी रामजी राम खुद फारम भरे मिलेके भा ना मिलेके बारेमे कहुँ से जानकारी ना आईल बतवनी । उ कहनी, ‘फारम भरेके बिहान अन्तिम दिन ह अभी तक कउनो जानकारी आईल नईखे ।’

उनका सँगे अन्तिम बरीस मे अध्ययनरत पंकजकुमार राम, चउथका बरीस मे अध्ययनरत रूपेशकुमार राम आ तिसरका बरीस मे अध्ययनरत प्रमोदकुमार राम के भी नेसनल मेडिकल कलेज परीक्षा आवेके समय मे अनेकन शीर्षक मे शुल्क माग के फारम भरेमे रोक लगवले बा ।

शुल्क ना तिरे तक फारम भरे ना देवेके कहला के बाद पीडित विद्यार्थी असाढ ७ गते रामसहित चार जने विद्यार्थी चिकित्सा शिक्षा आयोग आ चिकित्सा शिक्षा अध्ययन संस्थान (आइओएम) मे निवेदन देहले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।