किलास १२ के परीक्षा सावन ३१ गते से

काठमाण्डु ५ सावन

किलास १२ के परीक्षा सावन ३१ गते से शुरु होखेवाला भईल बा ।

मंगर के दिने बोर्ड के अध्यक्ष चन्द्रमणि पौडेल के अध्यक्षता मे बईठल बईठक से सावन ३१ गते से परीक्षा सञ्चालन करेके निर्णय कईल परीक्षा उपनियन्त्रक सुवास पन्त जानकारी देहनी ।

विद्यार्थी से परीक्षा सम्बन्धित विद्यालय से अर्थात होम सेन्टर से देवेके मिली । परीक्षा भादो ९ गते तक होखेवाला भईल बा । परीक्षा समय मे गाइजात्रा आ जनैपूर्णिमा के दिन छुटी देके शनिचर के दिने भी परीक्षा सञ्चालन करेके पन्त जानकारी देहनी ।

बितल जेठ २६ गते तय भईल परीक्षा दुसरका लहर के कोरोना संक्रमण के तेजी रुपमे फईले लागला के बाद स्थगित भईल रहे । ई बेर तीन लाख ८६ हजार विद्यार्थी परीक्षा फाराम भरल परीक्षा नियन्त्रण कार्यलय जनवले बा ।

परीक्षा सय पूर्णांकके

माध्यामिक तह के अन्तिम मे देवेवाला किलास १२ के परीक्षा राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड से ई बेर १०० पूर्णांक के करावेके तइयारी कईले बा । बितल बरीस के मूल्यांकन पद्धति प्रभावकारी ना देखल गईला से ई बरीस सय पूर्णांक के परीक्षा करावेके तइयारी कईल बोर्ड जनवले बा ।

बोर्ड बितल बरीस परीक्षा समय आ अंक भार घटाके परीक्षा लेहले रहे । बोर्ड ४० प्रतिशत मूल्यांकन के खातिर मात्र परीक्षा लेहले रहे । बाँकी ४० प्रतिशत मूल्यांकन किलास ११ के नतिजा के आधार मे आ २० प्रतिशत आन्तरिक मूल्यांकन के आधार मे परीक्षा भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।