वीरगंज मे जहाँतहाँ फुहर करेवाला उपर कारबाही

वीरगंज ११ भादो

वीरगंज महानगरपालिका जहाँतहा फुहर बिगेवाला तथा सडक अतिक्रमण करेवाला के जरिवाना तिरवले बा । जरिवाना बापत बितल आर्थिक बरीस २०७७÷७८ मे ७८ हजार १ सय रोपेया राजश्व संकलन भईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका के फुहरमैला व्यवस्थापन ऐन २०७५ अन्तर्गत उलोग के कारबाही कईल महानगर जनवले बा । ऐन मे कसूर मुताविक ५ सय से १ लाख रोपेया तक जरिवाना करे सकेके व्यवस्था बा ।

फुटपाथ मे फुहर राखेके, सिपटी सफा करके नाला मे डालेके, जथाभावी सडक मे फुहर बिगेके, म्याद बितल दवाई जथाभावी बिगेके, नदी मे फुहर बिगेके आ फुटपाथ मे प्लाष्टिक राखेवाला के कारबाही कईल सरसफाइ शाखा के सहायक प्रमुख सर्र्फुदिन मियाँ जानकारी देहनी ।

‘जथाभावी फुहर ना करे खातिर बेर–बेर कहल गईल बा, माकिर अटेर करेलन,’ कहत उ, ‘बेर–बेर कहला पर भी अटेर करेवाला के जरिवाना कईल गईल बा ।’

चालु आर्थिक बरीस २०७८÷८९ मे सरसफाइ शाखा विशेष अभियान हि सञ्चालन करके सडक मे पथल, गिट्टी आ बालु राखेवाला के कारबाही कइल उ बतवनी । सावन महिना मे जेसीबी से नाला के प्लेट फुरेके, मरल बाच्छा नाला मे बिगेके आ सडक पेटी मे कवाड राखेवाला के जरिवाना कईल मियाँ जानकारी देहनी । ओकरा से महानगरपालिका १४ हजार रोपेया राजश्व संकलन कईले बा ।

कार्यदल गठन भईल, काम ना भईल

महानगर सरसफाइ के खातिर सार्वजनिक–निजी साझेदारी अवधारणा अन्तर्गत काम कईले बा । फुहर संकलन के जिम्मा निजी साझेदार के देहले बा आ जनचेतना जगावेके, अटेरी करेवाला के कारबाही करेके आ निजी कम्पनी के जरुरी नीतिगत करेवाला सहजाजेग काम महानगर हि करत आईल बा ।

माकिर फुहर मैला व्यवस्थापन, छाडा चौपाया नियन्त्रण, सडक फुटपाथ व्यवस्थापन मे महानगर उपलब्धि हासिल कईले नईखे, जउना के चलते सिकाईत आ रहल बा । ओहिसे महानगर कार्ययोजना सहित काम करे खातिर तीन सदस्यीय कार्यदल भी गठन कईले बा । प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रदीपकुमार निरौला के मुताविक कार्यदल मे सरसफाइ शाखा प्रमुख इन्जिनियर राजीव सिंह टिम लिडर आ नासु सर्फुदिन मियाँ आ नगर प्रहरी इन्चार्ज हरि भुसाल सदस्य बाडन ।

२०७७ अगहन २२ मे कार्यदल गठन कईला पर भी अभी तक कार्ययोजना भी बनल नईखे । टिम लिडर इन्जिनियर सिंह कार्ययोजना तईयार हि ना भईल बतवनी ।

‘कार्यव्यस्तता से कार्ययोजना बनावे सकल नईखे, सामूहिक छलफल के बाद सावन से हि सडक मे राखल निर्माण सामान हटावल सुरु कईल गईल बा,’ उ कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।