नेकपा एमाले माधवकुमार नेपाल समूह के समानान्तर कमिटी नेकपा (एकीकृत समाजवादी) पार्टी मे रुपान्तरण

वीरगंज १५ भादो

पर्सा मे गठन भईल नेकपा एमाले माधवकुमार नेपाल समूह के समानान्तर कमिटी नेकपा (एकीकृत समाजवादी) पार्टी मे रुपान्तरण भईल बा ।

बालगोपाल थापा के नेतृत्व मे बनल समानान्तर कमिटी माधवकुमार नेपाल अध्यक्ष रहल नेकपा (एकीकृत समाजवादी) पार्टी मे समाहित होखेके निर्णय कईले बा । जिल्ला सचिवालय के मंगर के दिने बईठल बईठक से सिंगो जिल्ला कमिटी नेकपा (एकीकृत समाजवादी) पार्टी मे समाहित होखेके निर्णय कईल अध्यक्ष थापा बतवनी ।

जिल्ला के सदरमुकाम वीरगंज मे बईठल सचिवालय के बईठक से प्रतिगमन बिरोधि आन्दोलन से एमाले भितर संगठित कईल समानान्तर कमिटी माधव नेपाल नेतृत्व के नेकपा (एकिकृत समाजवादी) मे समाहित होखेके निर्णय कईल उ जानकारी देहनी । नेकपा (एकिकृत समाजवादी) के केन्द्रिय सदस्य एवम् पर्सा जिल्ला इन्चार्ज रामचन्द्र साह के प्रमुख आतिथ्यता मे बईठल बईठक से नवगठित जिल्ला कमिटी के सपथ ग्रहण वीरगंज बसपार्कस्थित सोल्टी पार्टी प्यालेस मे भादो २६ गते करेके निर्णय भी कईले बा ।

साथे अग्रगमन के पक्षधर आ इमान्दार कम्युनिष्ट नेता तथा कार्यकर्तालोग के नेकपा एकिकृत समाजवादी पार्टी समाहित होखेके आवहान कईल जिल्ला सचिव बिक्रम चौरसिया बतवनी ।

बईठक मे वीरगंज महानगर कमिटी के अध्यक्ष मनोज चौधरी, प्रदेश कमिटी के सदस्यलोग किशोरी कुशवाहा, योगेन्द्र यादव लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।