लंगडी चौक मे रहल एगो मनी ट्रान्सफर से एक युवा के लास मिलल

लालबाबु बानिया

पोखरिया २० भादो

पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ४ लंगडी चौक मे रहल एगो मनी ट्रान्सफर मे एक जने युवा के लास मिलल बा ।

लंगडी चौक मे रहल मारिया मनी ट्रान्सफर के छत उपर से घुसल समय लाईन मे सट के मरल हो सकेके पुलीस के आशंका रहल बा । एतवार के रात करिब ७ बजे बिगडल डिस के तार लगावे गईल एक जने युवा उ लास देखला के बाद हल्ला करत पुलीस के बोलावल जनावल गईल बा ।

घटना के जानकारी मिलते मातर ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरिक्षक दिपक थापा आ ईलाका प्रहरी कार्यालय लंगडी के प्रहरी नायब निरिक्षक आर.पी. शर्मा के टोली घटना स्थल मे पुगके लास निकलले बाडन ।

अन्दाजी १९÷२० बरीस के युवा के उ लास केकर, कहाँ के आदमी के ह कहके पहिचान खुले ना सकल ईप्रका पोखरिया जनवले बा । लास के साथ से चक्कु, रिन्च आ एयरफुन मिलला से चोरी करे गईल हो सकेके आ लाईन मे सटके मृत्यु भईल हो सकेके आशंका कईल गईल बा । लास छत के उपर आधा आ निचे आधा लटकल अवस्था मे मिलल पुलीस जनवले बा । घटना के बारेमे आउर अनुसन्धान हो रहल ईप्रका पोखरिया के प्रहरी निरिक्षक थापा बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।