मानव सेवा आश्रम जईसन संस्था आत्मनिर्भर होखेके पडि ः नगर प्रमुख सरावगी

वीरगंज २१ भादो

वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी मानव सेवा आश्रम जईसन संस्था आत्मनिर्भर बनेके बात मे जोड देहले बाडन । ओकरा खातिर कईसे आय आर्जन कईल जा सकता कहके सोंचेके उनकर कहनाम बा ।

वीरगंज मे बनावे लागल आश्रम शाखा के भवन के प्रारम्भिक खाका प्रस्तुतीकरण कार्जक्रम मे उ ओईसन बतवले बाडन । ‘मानव सेवा आश्रम मानसिक रुप मे अशक्त के राखेवाला जगहा ह । दैनिक जरुरत परिपूर्ति के खातिर स्रोत के कमी बा, कईसे आम्दानी करके आत्मनिर्भर बनल जा सकता सोचेके पडि ।’ उ कहनी ‘आश्रम परिसर मे पोखरी बनाके मछरी पोसेके बबा भा इको पार्क बनाके पर्यटक के आकर्षित कईल जा सकता कि जईसे होखी आर्थिक स्रोत बढावे मे ध्यान देवेके पडि ।’

महानगरपालिका भोजपुरी प्रतिष्ठान के भवन बनईला पर भूँई तला मे दोकान राखेके व्यवस्था मिलावल जानकारी उ देहनी । नगर प्रमुख सरावगी संघ, प्रदेश आ स्थानीय सरकार मिल के आश्रम भवन बनावेके बात मे जोड देहनी ।

एतवार के दुपहरिया वीरगंज महानगर के सभाहल मे आश्रम शाखा के प्रस्तावित भवन के प्रारम्भिक खाका प्रस्तुत कईल रहे । श्रृंखला खतिवडा के गाथा से भवन के डिजाईनिङ के काम कर रहल बा ।

गाथा के ओरी से शुभम कोईराला आ कौशल श्रेष्ठ भवन के प्रारम्भिक खाका प्रस्तुत कईले रहलन । वीरगंज महानगरपालिका मानव सेवा आश्रम शाखा के खातिर १८ कठ्ठा जमिन देहला के साथे भवन बनावे मे २५ लाख रोपेया भी प्रदान कईले बा ।

रेम्ड अर्थ प्रविधि से डिजाईन कईल भवन बनावे खातिर २० करोड रोपेया लागेके प्रारम्भिक अनुमान कईल बा । भोजपुरी कला सँस्कृति झल्केवाला, वातावरण सुहाउँदो, भूकम्प प्रतिरोधी आ वास्तु शास्त्र मिलाके भवन बनावेके ईन्जिनियरलोग बतवले बाडन । बाँस लगायत स्थानीय स्रोत साधन के बेसी प्रयोग करेके उद्देश्य राखल बा ।

१४ कठ्ठा जमिन मे भान्छा घर, तालिम हल, सहयोगापेक्षी के राखेवाला कोठरीसब, देखभाल मे खटेवाला के खातिर आवास आ आश्रम मे आवेवाला पाहुना के खातिर अतिथि गृह भी बनावेके उलोग बतवले बाडन ।

वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रदिप निरौला खुल्ला जगहा बेसी राखके संरचना बनावे खातिर निहोरा कइनी । आश्रम के संस्थापक केन्द्रिय अध्यक्ष रामजी अधिकारी गर्मी मे भी ठण्डी होखेवाला भईला से रेम्ड अर्थ प्रविधि से घर बनावे लागल जानकारी देहनी । ०७४ जेठ १५ गते स्थापना भईल मानव सेवा आश्रम वीरगंज शाखा मे ५५ जने आश्रित बाडन । कउनो भी विदेशी दार्त निकाय से शर्त सहित के अनुदान ना लेवेके घोषणा मानव सेवा आश्रम कईले बा ।

सडक मे अलपत्र पडल बेसाहारा सहयोगापेक्षी आदमी के आश्रम से गाँस, बास आ कपास सँगे दवाबिरो के व्यवस्था कईला के साथे पारिवारिक पूर्नमिलन करावत आईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।