पूर्वमन्त्री प्रभु साह चुनाव जिते खातिर किसान लोग के ढाल बनाके कईलें राजनीति

मेवालाल यादव

रौतहट २३ भादो

रौतहट के मौलापुर नगरपालिका मे मेला महोत्सव आ लवण्डा डान्स देखावे खातिर घर मे घुसे लागल तयार बाली ग्रेडर मसिन लगाके नोक्सान करावेवाला पूर्वमन्त्री प्रभु साह किसान के हकहित के खातिर किसान आन्दोलन के आयोजना कईले बाडन ।

मौलापुर नगरपालिका के नगर प्रमुख सरकारी गाडी मे भितर फुल एसी मे बईठके तथा पूर्वमन्त्री प्रभु साह के मेहरारु रिना साह भी किसान रे । वास्तव मे साह के मेहरारु किसान हई त एसि मे काहे आईल बानी । पूर्वमन्त्री प्रभु साह निमुखा किसानलोग के ढाल बनाके गृहजिल्ला मे बिरोध प्रदर्शन करवले बानी । पूर्वमन्त्री प्रभु साह आपन सरकार के समय मे किसान के समस्या के बारे मे आवाज ना उठवनी । पूर्वमन्त्री प्रभु साह ना घर के ना घाट के रहले बाडन ओहिसे चुनाव जिते खातिर आईटी आर्मी आ किसानलोग के ढाल बनावेके काम सुरु कईल आरोप लाग रहल बा ।

पूर्वमन्त्री प्रभु साह के मेहरारु तथा मौलापुर नगरपालिका के नगर प्रमुख रिना साह सरकारी गाडी के चरम दुरुपयोग कईले बाडी । पूर्वमन्त्री प्रभु साह बारा जिल्ला से ट्रेक्टर लियाके आपन जिल्ला मे ट्रेक्टर के भिड देखावे खातिर बिरोध प्रदर्शन कईल जनता के आरोप रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।