द सनलाईट कोचिङ्ग सेन्टर मटीआर्वा हाजिरी जवाफ प्रतियोगिता कईलख

वीरगंज ३१ भादो

‘सामान्य अवस्था भा कोभिड महामारी बालअधिकार संरक्षण हमनी सभी के जिम्मेवारी’ कहके नारा सहित ५७ वाँ राष्ट्रिय बाल दिवस के अवसर मे बारा के मटीआर्वा स्थित द सनलाईट कोचिङ्ग सेन्टर मे हाजिरी जवाफ प्रतियोगिता पुरा भईल बा । पहिलका बेर मटीआर्वा मे रेडियो तराई आ रेडियो सानभि से लाईभ प्रसारण करके हाजिरी जवाफ प्रतियोगिता पुरा भईल बा ।

बिद्यालय के लईकालइकीलोग के उज्ज्वल भबिस्य के कामना करत नेपाल के संविधान के धारा ३९ मे मौलिक हक के रूप मे लईकालइकी के हक, लईकालइकी सम्बन्धी ऐन, राष्ट्रिय नीति आ लईकालइकी सम्बन्धी अन्तर्राष्ट्रिय कानुन लगायत अईसन अतिरिक्त कार्जक्रम लईकालइकी के सर्वाङ्गीण विकास के खातिर सकारात्मक रहल तर्क शिक्षक सन्तोष कईले रहनी ।

प्रतियोगिता मे लालिगुरास समुह प्रथम, न्युटन समुह दोस्रो, सगरमाथा समुह तृतिय आ डाँफे समुह चउथका स्थान लिआईल आयोजक संस्था जनवले बा ।

द सन्लाईट कोचिङ्ग सेन्टर मटीआर्वा के प्रधानध्यापक रामलाल सर के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे कलैया उपहानगरपालिका वार्ड नं १० के वार्ड अध्यक्ष शंकर गुप्ता लगायत गारजियन, शिक्षक शिक्षिका आ विद्यार्थीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।