नागरिक समाज काला दिवस मनाई

प्रभु यादव

बारा २ कुवार

बारा आ पर्सा के नागरिक समाज संविधान दिवस के दिन कला दिन मनावे के जनावले बा । कलैया के एभरेष्ट लज मे सुक के दिन पत्रकार सम्मेलन कर के कुवार के ३ गते कलैया से वीरंगज तक जुलुस निकाल के कला दिन मनावे के तईयारी कईल गईल नागरिक समाज बारा के संयोजक बृजकिशोर साह जनकारी करावले बानी ।

२०७२ साल के संविधान सभे खातिर ना रहल जवना के खारिज कर के २०४७ के संविधान लागू करे के पत्रकार सम्मेलन मे मानव सेवक जनकारी करावले रहलन । गणतन्त्र, संघियता, धर्म निरपेक्ष जईसन व्यवस्था नेपाल के खातिर ना रहल सेवक जनकारी करावले रहलन ।

विश्व मे एक मात्र देश हिन्दु राष्ट्र, राजसंस्था सहित के प्रजातन्त्र साझा राजा सहित के व्यवस्था नेपाल के खातिर आवश्यक रहल पत्रकार समेलन मे जनकारी करावल गईल रहल । एमसिसी पास कर के नेपाल के दुसरा के बस मे करे के काम कवनो हालत मे ना होखे देवे के मानप सेवक जनकारी करावले रहनी ।

नेपाल मे दु गो जात काग्रेस आ कम्युनिस्ट रहल जवन देश के खातिर अहित करहल पत्रकार सम्मेलन मे जनकारी करावले रहलन । कलैया से कुआर ३ गते ११ बजे मोटरसाईकल जुलुस सहित के जुलुस निकल के वीरंगज मे पैदल नगर परिक्रमा कर के घण्टा घर मे कोण सभा करे के नागरिक समाज पर्सा के संयोजक विरेन्द्र थापा जनकारी करावले रहलन ।

पत्रकार सम्मेलन मे भरत बहादुर मल्ल, राज्य संस्था प्रति अस्था राखेवाला काठमाण्डु से आईल मानव सेवक समर्थक सब के पत्रकार सम्मेलन मे सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।