गढीमाई ट्रष्ट मे हिनामिना : सचिव साह

प्रभु यादव
बारा ५ कुवार
बारा के विश्व प्रसिद्ध गढीमाई मन्दिर सञ्चालक समिति से गढीमाई ट्रष्ट मे हिनामिना कईल गईल बा ।
समिति के सचिव पारस साह पत्रकार सम्मेलन कर के अईसन जनकारी करावले बानी । दु वरीस से गढीमाई ट्रष्ट समिति मे आपने सचिव पद मे निर्वाचित होकर के आईल बानी बार्षिक प्रतिवेदन मागला पर अध्यक्ष रामचन्द्र साह तेली नईखी देत । हिसाब लुकाके ना राखेके होई सभे के जनकारी करावे के परल कहला पर अध्यक्ष साह कोषाध्यक्ष महेश जयसवाल के साथे आपन कुछ लोग के लगा के गढीमाई मन्दिर नजिके शनिचर के दिन आपन उपर हाथपात कर के दुर्वेहव्यावर कईल सचिव साह जनकारी करावले बानी ।
गढीमाई मन्दिर मे पुजा करेवाला दर्शानार्थी सब दान पेटी मे राखल पईसा आपन मनोपोली कर के व्यक्ति के नाम मे राखल आ सवारी साधन सब के पुजा करावे आईल लोग रसिद कटावेला उ रसिद कहिया के हवे आ केतना पईसा आईल ओकर कवनो लेखा जोखा ना होरहल सचिव साह आरोप लगावले बानि । मन्दिर मे पुजा करेवाला आईल लोग धर्मशाला मे रहल सिपटी के सरसफाई ना रहल आ कुछ निर्माण करेके काम आपने सगहतिया लोग से उधार कर के करहल रहनिह जवना के चल्ते दुर्व्यवहार कईले बा सचिव साह जनकारी करावले बानी ।
गढीमाई मन्दिर नजदीक रहल पानी टंकी मे पत्रकार समेलन कर के सचिव साह आपना के दुर्व्यवहार करेवाला गढीमाई ट्रष्ट तथा मन्दिर सञ्चालक कार्य समिति के अध्यक्ष रामचन्द्र साह तेली आ कोषाध्यक्ष महेश जयसवाल के उपर मुद्दा देवे के जनकारी करावले बानी । पत्रकार लोग से पुछल गईल प्रश्न के जवाफ देहत आपने दु वरिस से ट्रष्ट मे आईल आम्दानी के प्रदार्शीता करेला कहला पर अबकी बार होगईल आ कोरोना महामारी रहला से आवेवाला वरीस मे कईल जाए के कहल सचिव साह जनकारी करावले बानी ।
कार्य समिति के कवनो निर्णय ना रहल आपन नजदीक के लोग के कर्मचारी मे राख के अध्यक्ष साह मन्दिर मे आई चन्दा पुजा के आम्दानी उठा के हिनामिना करावे मे लागल सचिव साह के सिकायत रहल बा ।
गढीमाई ट्रष्ट आ मन्दिर सञ्चालक समिति के अध्यक्ष रामचन्द्र साह तेली से जनाकारी लेहला पर सब हिसाब किताब दुरूस्त रहल जवना बेर भि देखा सकल जा सकता जनकारी करावले बानी ।
ट्रष्ट के कोषाध्यक्ष महेश जयसवाल सचिव साह धर्मशाला मे निर्माण के काम करेला तीन लाख ६० हजार पेश्की लेके काम सुरू कईले बानी जनकारी करावले बानी । अध्यक्ष साह आ अपना के बदनाम करावेला झुट जलसाझी करहल बाडन सचिव कोषाध्यक्ष जयसवाल जनकारी करावले बाडन । मन्दिर मे भईल दान पेटी आ रसिद के पईसा समिति के सभे रोहवर मे राख के निर्णय पुस्तीका मे लिख के समिति के खाता मे जम्मा कईल जाला जयसवाल जनकारी करावले बानी ।






