कलैया के तीन उत्कृष्ट स्वास्थ चौकी आ स्वास्थ प्रमुख सम्मानित
प्रभु यादव
बारा ०७ कुवार
बारा के सदरमुकाम कलैया उपमहानगरपालिका के तीन गो स्वस्थ्य चौकी आ ओह जगह के स्वास्थ्य ईन्चार्ज के समानित कईल गईल बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका मे रहल २८ गो स्वास्थ्य संस्था मध्ये आव २०७७÷०७८ मे मासिक रुप मे बुझावेवाला स्वास्थ्य संस्था के रिपोर्ट के आधार मे अनलाइन डाटा ईन्ट्री कईल आधार मे उत्कृष्ट संस्था चयन कईल गईल कलैया उपमहानगर पालिका के स्वास्थ शाखा के जनस्वास्थ्य अधिकृत अजय जयस्वाल जानकारी करावले बानी । उत्कृष्ट भईल प्रथम स्थान धर्मनगर स्वास्थ्य चौकी, द्वितीय पुरस्कार बघवन स्वास्थ्य चौकी आ तृतीय पुरस्कार भतौडा स्वास्थ्य चौकी के प्रदान कईल गईल बा । उत्कृष्ट भईल स्वास्थ संस्था के ईन्चार्जलोग सरोज जयस्वाल, सज्जाद अन्सारी आ निबेश कुमार ओझा के कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर राजेश राय यादव खादा, माला, प्रसंशा पत्र सहित सम्मान कईले रहनी ।
जनता के सेवा मे हरदम खटरहल सभे स्वास्थ्यकर्मी लोग के धन्यवाद देत मेयर यादव उपमहानगरपालिका काम करेवाला स्वास्थ्यकर्मी सब के मनोबल उच्च राखेला आपने बहुते किसिम के प्रोत्साहन करे बाला कार्जक्रम लियावे के बतावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिकाका के स्वास्थ्य शाखा आपन वार्षिक समिक्षा कार्जक्रम मे नगर के स्वास्थ्य चौकी सभे मध्ये निमन संस्था के अउरी प्रोत्साहन करे के निमित प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत समेत रहल स्वास्थ्य शाखा के प्रमुख प्रेमचन्द्र प्रसाद जायसवाल बतावले रहनी ।






