नेकपा (एकिकृत समाजवादी) के बिन्दवासिनी मे कमिटी गठन

वीरगंज ०७ कुवार

नेकपा (एकिकृत समाजवादी) बिन्दवासिनी गाँवपालिका के भेला आजु पुरा भईल बा । भेला से रामतुल्लाह अहमद के अध्यक्षता मे बाद मे १० सदस्यीय थप होखेवाला किसिम से ४५ सदस्यीय गाँवपालिका कमिटी गठन कईले बा ।

नवगठित गाँवपालिका कमिटी के उपाध्यक्ष मे छोटेलाल साह, सचिव मे शिवपुजन प्रसाद चौरसिया, सह सचिव मे रेणु चौरसिया, सदस्यलोग धनविर प्रसाद साह, नागेन्द्र राम, धिरज मुखिया विन, प्रधुमन साह तेली लगायत के रहल बाडन ।

राजिन्द्र प्रसाद चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि पार्टी पर्सा जिल्ला अध्यक्ष बालगोपाल थापा, प्रदेश सदस्य किशोरी कुशवाहा, जिल्ला सचिव बिक्रम चौरसिया, कार्यालय सचिव शंकर कर्ण, सचिवलय सदस्य राघव साह, बृजलाल पासवान, मोहन यादव, रभुनाथ चौरसिया, जिल्ला सदस्य पशुराम यादव लगायत के लोग शुभकामना मन्तव्य रखले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।