नगर प्रमुख यादव कईलें जसपा पार्टी कार्यालय के उदघाटन

मेवालाल यादव
रौतहट १५ कुवार
रौतहट के बौद्धिमाई नगरपालिका मे जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के पार्टी कार्यालय के उदघाटन समारोह पुरा भईल बा ।
नगरपालिका भितर मे पार्टी कार्यालय ना रहल अवस्था मे आजु एगो कार्जक्रम करके बौद्धिमाई नगरपालिका ७ स्थित बंकूल बजार मे जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के पार्टी कार्यालय उदघाटन प्रमुख अतिथि नगर प्रमुख राजीव रंजन यादव रिबन काट के बिधिवत रूप मे उदघाटन कईले बानी ।
बौद्धिमाई नगरपालिका के नगर प्रमुख यादव के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल कार्जक्रम मे जनता समाजवादी पार्टी नेपाल बौद्धिमाई न.पा. नगर कमिटी से आयोजना कईले रहे । कार्जक्रम मे नगर प्रमुख यादव जसपा देश के वैकल्पिक पार्टी के रुप मे रहल आ ई पार्टी के नेता कार्यकर्तालोग कड़ा मिहिनेत करके ई पार्टी के देश के मूल पार्टी के रुप मे स्थापित करे खातिर खुद लगायत जसपा के सभी पार्टी कार्यकर्तालोग से ना छोडेके बतवले बानी ।
दोसर प्रसंग मे बोलत युवा मेयर यादव इहे कुवार १५ गते के दिन दलित आन्दोलन के नाम देहल गरीब, असहाय, निमुखा तथा दलित जनतासब के दलित आन्दोलन के नाम मे सोझा जनता के मूर्ख बनावेके आपन कउनो ठेगाना हि ना भईल नेता कार्यकर्ता से कईल दलित उपर के व्यवहार के घोर भत्र्सना कईले बाडन । कार्जक्रम मे बौद्धिमाई नगरपालिका नगर उपप्रमुख प्रेमलता कुशवाहा, जसपा नगर कमिटि अध्यक्ष तथा वार्ड ६ पिपरिया परोहा के वार्ड अध्यक्ष हृदय नारायण राय यादव, वार्ड अध्यक्ष देव् नारायण जयसवाल लगायत जसपा के नेता कार्यकर्ता के सहभागीता रहल रहे ।





