साना किसान कृषि सहकारी संस्था के १९ वाँ सधारण सभा पुरा

प्रभु यादव
बारा १५ कुवार
साना किसान कृषि सहकारी संस्था लि. मनहर्वा के १९ वाँ सधारण सभा पुरा भईल बा ।
सधारण सभा के प्रमुख अतिथी साना किसान कृषि सहकारी संघ बारा के अध्यक्ष मिश्रीलाल सहनी गावही समुदाय मे बहुते जातजाती, समुदाय आ वर्ग के लोग के संस्था मे आवध करावाके उ लोगन के आवश्यकता पहिचान कर के आर्थिक लगानी कर के अगाडि बढावे के काम करहल जनकारी करावले बानी ।
साना किसान कृषि सहकारी संस्था मे जनानी लोग के अधिक सहभागिता भईला से उलोग के रोजगारी सृजना करावा के कृषि उत्पादन मे बढावा देरहल प्रमुख अतिथि सहनी जनकारी करावले रहनी । कृषि उत्पादन के बजार तक के पहुच पुगा के किसान लोग के योजना अगाडि बढावे मे काम कईले बा सहनी जनकारी देहनी । सहकारी अभियान के उद्देश्य परिचालन कर के समृद्ध नेपाल बनावे मे संस्था अग्रनी भुमिका निर्वाह करहल सहनी बतावले बानी ।
सहकारी के अध्यक्ष नयनकला खड्का आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ मे संस्था के शेयर सदस्य लोग के १५ प्रतिशत बनस बाटे के जनकारी करावले बानी । संस्था के शेयर धनी दु हजार तीन सय जने मे दु हजार दु सय ५२ जने जनानी आ ४८ जने मर्दाना रहल जनकारी करावले रहनी । शेयर सदस्य लोग के कुल चुक्ता शेयर पुजी दु करोड ८६ लाख ५७ हजार ६१ रोपेया रहल अध्यक्ष खड्का जनकारी करावले बानी । सधारण सभा मे २०७७ के प्रतिवेदन प्रस्तुत करत अध्यक्ष खड्का जनकारी करावले रहनी ।
सहकारी के प्रवन्धक पुष्पराज खतिवडा लेखा परिक्षण प्रस्तुत कईले रहलन । कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर २ के अमर उच्च माध्यमिक विद्यालय मे १९ वाँ वार्षिक सधारण सभा आ अन्तरसामुहिक सभा वार्ड सभा समापन कार्जक्रम मे प्रदेश २ के कृषि सहकारी संस्था के संघ के तदर्थ समिति के सचिव पुन्देव रौनियार, साना किसान विकास लघुवित वितिय संस्था लिमिटेड मकवानपुर हेटौडा के इलाका प्रबन्धक कृष्ण कुमारी शर्मा, कृषि ज्ञान केन्द्र के गेनालाल मण्डल, कलैया उपमहानगरपालिका वडा नम्बर २ के वडाअध्यक्ष राजेश कुमार महतो साना किसान सपही के अरूण चौधरी, रामबाबु मेहता लगायत के लोग आपन आपन बात रखले रहनी ।
सहकारी संस्था से जेष्ठ नागरिक ८५ वरीस के भोकट चौधरी, ९० बरीस के लालबहादुर थापा मगर आ ९३ बरीस के मेरखुनवा चमईन, अपाङ्ग सुरज कुमार मण्डल आ मन्दीप कुमार राम के तराई मधेश दैनिक पत्रिका के सञ्चालक पवन यादव, उत्कृष्ट व्यवसायी तरकारी उत्पादन करेवाला शारदा देवी कनुईन आ चमेली लोप्चन जनानी सहायक के दोषला ओढा के समान पत्र सहित समान कईल गईल रहल । अनिल गौरव के सञ्चालन आ नयनकला खड्का के अध्यक्षता मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल रहे ।






