कलैया मे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी आ पाकिस्तान के प्रधानमन्त्री के पुतला जरावल गईल

प्रभु यादव

बारा १६ कुवार

बारा के कलैया मे प्रदेश नम्वर २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी आ के पाकिस्तान के प्रधानमन्त्री इमरान खान के पुतला जरावल गईल बा ।

राष्ट्रिय एकता अभियान बारा के आयोजना मे प्रदेश नम्बर २ मे लियावल गईल मदरसा विधेयक के विरोध मे दुनु जने के पुतला जरावल गईल । राष्ट्रिय एकता अभियान के केन्द्रीय अध्यक्ष विनय कुमार यादव के अगुवाई मे राजदेवी मन्दिर से निकलल जुलुस नगर परिक्रमा कर के भरत चौक पर पुग के गद्दी के पुतला जरावले रहल । पुतला जरावला के वाद जुलुस मे सहभागी लोग हिन्दु राज्य कायम कर, प्रदेश नम्वर २ के मुख्यमन्त्री गद्दी से लियावल गईल मदरसा विधेयक खारिज करे के माग करत राजिनामा देवे के नारा लगावले रहलन ।

कोण सभा मे आयोजक संस्था के केन्द्रीय अध्यक्ष यादव मदरसा विधेयक लेयावल हिन्दुराज्य के लेल घातक रहल जनकारी करावले रहल । नेपाल मे सदियो से चलत आरहल हिन्दुराज्य के हटा के हिन्दु लोग के मानसमान मे ठेस पुगावल यादव जनकारी करावले रहनी । प्रदेश नम्वर २ के मुख्यमन्त्री गद्दी पाकिस्तान के प्रधानमन्त्री इमरान खान के इसारा मे मदरसा विधेयक लियावल आरोप यादव लगावले रहनी ।

विरोध कार्जक्रम मे गोपाल दास बारा जिल्ला अध्यक्ष, मुनिलाल साह सचिव, वृजकिशोर साह, कमलेश सहनी श्यामसुन्दर पंडित, विवेक कुशवाहा, नेमिलाल राउत कुर्मी, ब्रह्मदेव यादव लगायत के लोग कोण सभा मे बोलत विधेयक विरोध कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।