कलैया उपमहानगरपालिका मे नयाँ हाकिम साह कार्यभार सम्हललें

प्रभु यादव

बारा २२ कुवार

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत मे उप–सचिव नाथु साह कार्यभार लेहले बानी ।

नाथु साह जनप्रतिनिधि ना रहल समय मे कलैया नगरपालिका रहल बेर मे कार्यालय के प्रमुख होके नगर विकास मे कईल योगदान रहला से स्थानिय सब उत्साहित बनल बाडन । असार महिना मे आईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत गोपाल प्रसाद रेग्मी अस्वस्थता के कारण काम मे बाधा परत रहल अब साह के आईला से काम करे मे सहजता होई कह के कर्मचारी सब खुशी भईल बाडन ।

नियमित मे प्रहल्लाद वर्णवाल आ प्रेमचन्द्र जयसवाल काम मे जिमेवारी ना लेके काम करत रहलन जवना से सेवाग्रही निरास बनत रहलन निर्माण के काम मे रोकावट होरहल रहे जनव साह के आईला से हटगईल कर्मचारी सब के कहनाम रहल बा । उप–सचिव साह कर्यालय मे हजिर भईला वाद कर्मचारी आ जनप्रतिनिधि सब उनकरा के माला लगा के स्वागत कईले रहलन ।

कार्यभार लेहल दिनही साह मेयर राजेश राय यादव आ उपमेयर रहीमा खातुन के रोहबर मे राख के कार्यालय के योजना के कर्मचारी शिक्षा शाखा के कर्मचारी सबसे काम के सम्बन्ध मे जनकारी लेहनी ।

सभे शाखा के लोग सँगे बईठ के छलफल कर के पालिका के काम जनता के खातिर सहज बनावे के काम करे के अधिकृत साह जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।