पकहामैनपुर गा.पा. अध्यक्ष चौरसिया उपर आक्रमण के प्रयास

वीरगंज २३ कुवार
पर्सा जिल्ला के पकहामैनपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष विजय कुमार चौरसिया उपर आक्रमण के प्रयास भईल बा ।
शनिचर के दिने कार्यालय के काम विशेष से सदरमुकाम वीरगंज निकलल मेयर चौरसिया उपर पकहामैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. २ मधुवनीस्थित श्री नेपाल राष्ट्रिय प्राथमिक विद्यालय लगेके मुख्य सडक मे विरोधी युवालोग के समूह गाडी रोक के काहे गाडी चलावल कहत आक्रमण के प्रयास भईल अध्यक्ष चौरसिया जानकारी देहले बानी ।
उनका मुताविक कार्यालय के काम विशेष से आ सञ्चारकर्मीलोग सँगे छलफल के खातिर वीरगंज आवेके क्रम मे खुद बईठल गाडी के सडक के बीच मे रोक के स्थानीय युवालोग प्रमोद पटेल, मोटर वर्णवाल लगायत के आधा दर्जन से बेसी युवालोग आक्रमण के प्रयास कईले रहलन ।
मेयर के रोक के शनिचर के दिने काहे गाडी चलावल ? कहत युवालोग टेंट खोजले रहलन । खुद काम विशेष से सदरमुकाम जाए लागल कहके बतईला पर भी खुदसब उपर युवालोग के समूह अनावश्यक बातसब करत दुव्र्यवहार करके आक्रमण के प्रयास कईल उ बतवनी ।
चौरसिया चढल ना. १ झ १६८६ नम्बर के स्कार्पियो के उ युवालोग के समूह गुण्डागर्दी शैली मे रोकला के बाद अध्यक्ष चौरसिया पर्सा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी पिताम्बर घिमिरे के फुन कईले रहलन । फुन मे बात कईला के बाद सिडिओ सँगे मौखिक सहमति भईल कहला पर भी युवालोग के समूह उहाँ से गाडी कहुँ जाए ना देहेम कहके जबरजस्ती विवाद उत्पन्न कईल बतावल गईल बा ।
युवालोग के समूह गाडी रोकला के बाद अध्यक्ष चौरसिया बात का ह ? बईठके कईल जाँव, समस्या बा त छलफल से समाधान कईल जाँव कहला पर भी युवालोग के समूह कुछ बात ना सुनके जथाभावी अभद्र व्यवहार करत खुदसब उपर आक्रमण के प्रयास कर्ईल उ बतवनी ।
खुदसब उपर दुव्र्यवहार करेवाला विरुद्ध जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे मुद्दा दर्ता भी करेके अध्यक्ष चौरसिया बतवनी । अध्यक्ष चौरसिया अकेले चढके जाए लागल कहके पूर्व योजना मुताविक युवालोग के समूह आक्रमण के प्रयास कईल उनकर कहनाम बा ।






