सहरी स्वास्थ्य प्रवद्र्धन केन्द्र कलैया अहेव के भर मे चलरहल

प्रभु यादव
बारा ०५ कातिक
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका–१३ बलिरामपुर मे रहल सहरी स्वास्थ्य प्रवद्र्धन केन्द्र अहेव के भर मे चलरहल बा । सहरी स्वास्थ्य प्रवद्र्धन केन्द्र मे एम.बि.बि.एस. डाक्टर के दरबन्दी रहल जवना जगह अहेव के भरमे चलरहल बा ।
डाक्टर के नाम मे अहेव के भरमे सेवाग्राही लोग के झुठा सुझाव सहित के विमार लोग के इलाज कईल जारहल बा । आर्थिक बरीस २०७४÷७५ मे बारा मे रहल दु उपमहानगरपालिका मे स्थानिय तह के सिफारीस कईल जगह मे सुविधा सम्पन्न सहरी स्वास्थ्य प्रवद्र्धन केन्द्र के डाक्टर सहित के अस्पताल स्वास्थ्य मन्त्रालय से बनावल गईल बा जवन जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के डुमरबाना मे आ कलैया उपमहानगरपालिका के बलिरामपुर मे सञ्चालन मे लिआईल बा ।
कलैया उपमहानगरपालिका १३ के सहरी स्वास्थ्य प्रवद्र्धन केन्द्र मे ऐक्सरे मसिन, भिडियो ऐक्सरे रहल बा माकिर सञ्चालन मे चार बरीस वितगईल ना आईल नियमित प्रमुख नागेन्द्र सरार्फ जनकारी करावले बानी । २०७५ सावन महिना से सञ्चालन मे आईल प्रवद्र्धन केन्द्र मे डाक्टर अमित चौरसिया रहनी चार महिना पहिले छात्रवृत्ति मे एमडी पढेला नाम निकलला पर छोड के गईला के वाद केहु ना आईल आ पालिका मे बार बार जनकारी करावला वाद भि ना पेठावला से एच.ए. आ अहेव के भर मे सञ्चालन कईल जारहल सरार्फ जनकारी करावले बानी । 
एच.ए. बोलबंम पटेल मटिअर्वा भारत नेपाल के सिमाना पर स्वास्थ्य केन्द्र (हेल्प डेक्स) मे एक हप्ता खातिर गईल बानी जवना के कारण अहेव सोनुबाबु भारती से ओपीडी सञ्चालन करहल बानी नियमित प्रमुख सरार्फ जनकारी करावले बानी । ११ जने कर्मचारी रहल जवना मे से डाक्टर चौरसिया आ स्टाफ नर्स शशिकला साह छोड के गईला से प्रवद्र्धन केन्द्र मे विमार लोग के ईलाज मे कुछ कठिनाई भईल बा सरार्फ जनकारी करावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के २७ गो वार्ड मेही सेवा देवे के उद्देशय से स्थापना भईल प्रवद्र्धन केन्द्र मे वार्ड नम्बर १०, १२, १३ आ २० के बलिरामपुर, फुलवरिया, बसतपुर, मटिअर्वा, धर्मनगर, सितलपुर आ पिपडारी गाँव के जनता सब के सेवा मात्र देरहल सरार्फ जनकारी करावले बानी । दिनहु १५ से २० जने चेकजाँच करावे आवेलन डाक्टर भईल समय मे ४५ से ६० जने तक आवत रहल सरार्फ के कहनाम रहल । प्रवद्र्धन केन्द्र मे ३९ किसिम के औषधी देवे के चाहिँ ओजगह २८ किसिम के औषधी सेवाग्राही सब के देत आरहल सरार्फ जनकारी करावले बानी ।
ओपीडी सेवा, परिवार नियोजन के सभे सेवा, प्रसुती सेवा के चेकजाँच आपना सभे के केन्द्र से सेवा करेला काम करहल सरार्फ जनकारी करावले बानी । अहेव सोनुबाबु भारती आपना सब के अधिकार रहल तक के औषधी कर के प्राथमिक उपचार कर के सेवा देवे के काम करहल बानी अधिक औषधी के अवश्यकता भईल लोग के कलैया अस्पताल रिफर करहल जनकारी करावले बानी ।
स्वास्थ्य चौकी आ सहरी स्वास्थ्य प्रवद्र्धन केन्द्र ५० मिटर के दुरी मे भईला से प्रवद्र्धन केन्द्र मेही जाँच करावल जाला आ लईकालईकी के नियमित खोप स्वास्थ्य चौकी मे लगावल जाला बलिरामपुर के सिगासन साह जनकारी करावले बाडन । कलैया उपमहानगरपालिका स्वास्थ्य शाखा के प्रमुख प्रेमचन्द्र जयसवाल से जनकारी लेहला पर कलैया अस्पताल मे डाक्टर ना रहेला प्रवद्र्धन केन्द्र के का कहल जाई प्रतिस्पर्धा करहल देखावले बानी । नेपाल सरकार से प्रवद्र्धन केन्द्र मे बजेट देके तीन बरीस तक देहले बा अब ना देवे के काम सुरू कईला के चलते सेवा देवेला स्थानिय तह के लगे बजेट ना भईला से पछाडी परहल शाखा प्रमुख जयसवाल जनकारी करावले बानी ।
स्वास्थ्य चौकी स्थायी भइल आ प्रवद्र्धन केन्द्र अस्थायी भईला से एक जगह मे मिलाव ना गईल बा अब मिलावे खातिर नियम अपना के एक जगह कर के सेवा देवे के जयसवाल जनकारी करावले बानी । जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका मे रहल सहरी स्वास्थ्य प्रवद्र्धन केन्द्र मे सभे सेवा देहल जाला माकिर कलैया बलिरामपुर मे रहल प्रवद्र्धन केन्द्र के सेवा अधुरा भईल जिमेवार लोग के लापरवाही आ जनता उपर के जिमेवारिता ना भईल स्थानिय लोग के सिकायत रहल बा ।






