वैश्य कल्याण शुभकामना तथा चियापान कार्जक्रम कईलख

प्रभु यादव
बारा १३ कातिक
बारा के कलैया मे वैश्य कल्याण नगर कार्य समिति कलैया उपमहानगरपालिका के आयोजना मे दियरीबाती आ छठ के अवसर मे शुभकामना तथा चियापान कार्जक्रम कईले बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी नेपाल वैश्य कल्याण महासंघ के बारा अध्यक्ष श्याम गुप्ता कार्जक्रम के सम्बोधन करत राजनिति के अधिननयक से निकलेला सभे जने के एक होखेके परि बतावले बानी । राजनितिक व्यक्तिव भईला से समाज मे सेवा करे के पहिलका महत्व रहल जनकारी करावले बानी ।
दुसर समाज से जोड के चलेके परि तबही हमनी के समाज साहु समाज मजबुत होखी प्रमुख अतिथि गुप्ता जनकारी करावले बानी । आपने आप के सोच के बदलला पर हि समाज मे अछा विचार के विकास होई आ समुदाय के अगाडि बढेमे मद्दत पुगी गुप्ता जनकारी करावले बानी । कार्जक्रम के विशिष्ट अतिथि पूर्व संविधान सभा सदस्य प्रमोद गुप्ता वैश्य समाज अलग अलग चलला से एकृकित ना होखे सकल बा जवना से दुसर समाज से कमजोर रहल महसुस कईल जारहल जनकारी करावले बानी ।
प्रदेश नम्वर २ के प्रदेश सभा सदस्य पारस साह वैश्य समाज के एकता भईल जरूरी रहल बतावले बानी । कानु, कलवार, तेली, रौनियार, अग्रहरी, कसौधन, पौदार, कमलापुरी, तुरहा, भोजवाला, गौंड, वर्णवाल, गोल्दार, कानकुब्ज, केसरी, लहेरी, कसेरा, तमोली, ठठेरी, बनिया, खटीक, गोस्वामी, पोरवाला, पटवा आ शिवहरे जात के समाज मिल के नेपाल वैश्य कल्याण समाज बनल जवना मे से १२ गो जात के सहभागिता रहल रहल रमेश साह जनकारी करावले बानी ।
वैश्य कल्याण नगर कार्य समिति कलैया उपमहानगरपालिका के अध्यक्ष सुरेश गुप्ता के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल सोनार समाज बारा के अध्यक्ष शिव कुमार सरार्फ, तेली कल्याण समाज बारा के अध्यक्ष बजरंगी साह, केशरी कल्याण समाज के बारा अध्यक्ष प्रमहंस केशरी, अग्रहरी कल्याण समाज के बारा अध्यक्ष ध्रुव अग्रहरी, कलवार कल्याण समाज के बारा अध्यक्ष नवल साह, दास कल्याण समाज के बारा अध्यक्ष सुनिल दास, कानु समाज नेपाल के बारा अध्यक्ष ओमप्रकाश गुप्ता, समाज सेवी शिला साह, सुरेश मोदक, हिरालाल साह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






