मोटरसाइकल चोरी कईल आरोप मे पर्सा से तीन जने पकडईलें

वीरगंज १७ कातिक

पर्सा पुलीस चोरी के मोटरसाइकल सहित तीन जने के पकडले बा । उलोग के पुलीस वीरगंज के भानुचोक से पकडले बा ।

पकडाएवला मे वीरगंज महानगरपालिका–१५ के २२ बरीस के कैलाश महतो, कलैया उपमहानगरपालिका–४ के २२ बरीस के विनयराज शर्मा आ फेटा गाँवपालिका–३ बारा के २० बरीस के रविन कुमार साह रहल बाडन ।

उलोग भारतीय नागरिक अरुण कुमार चौरसिया के बीआर२२एटी ९३२६ नम्बर के रोयल इनफिल्ड बुलेट बाइक कातिक १२ गते होटल मे पार्किङ करके राखल जगहा से चोरी कईल पुलीस के दाबी बा । उलोग चोरी करके उ बाइक मे बा८२प६४६० नम्बर के नयाँ नम्बरप्लेट लगाके चलावत आईल पुलीस के कहनाम बा ।

पकडाईल उलोग उपर चोरी सम्बन्धी कसूर मे अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।