पर्सा मे दु गो ट्रक से २७७ बोत्तल लागुऔषध बरामद, चार जने पकडईलें

वीरगंज ०९ अगहन
पर्सा पुलीस लागु औषध सहित २ गो ट्रक तथा चार जने के पकडले बा ।
ड्राईपोर्ट से परवानीपुर ओरी जा रहल बा.३ ख ८८०८ नम्बर के मिनी ट्रक उपर शंका लाग के चेकजाँच कईला पर चालक बईठेवाला सिट के निचे बोरा भितर लागुऔषध मिलला के बाद ट्रकसहित चारु जने के नियन्त्रण मे लेहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा । पकडाएवाला मे ठेगाना ना खुलल ३५ बरीस के अनुप बर्तौला, हेटौंडा उपमहानगरपालिका–७ के ४५ बरीस के राजु बस्नेत, मेची नगरपालिका–५० बरीस के गोपाल थापा आ हेटौंडा उपमहानगरपालिका–६ के ३१ बरीस के प्रमोद श्रेष्ठ रहल बाडन । पुलीस एगो ट्रक से कोरेक्स ५४ बोत्तल आ दोसर ट्रक से कोरेक्स २२३ बोत्तल करके जम्मा २७७ बोत्तल लागुऔषध बरामद कईले बा ।
पकडाईल चारु जने के लागु औषध सम्बन्धी कसूर मे अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता एवं प्रहरी नायव उपरीक्षक (डीएसपी) ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।





