पर्सा मे कांग्रेस के पालिका आ जिल्ला अधिवेशन महाधिवेशन के बाद होखी

वीरगंज ०९ अगहन

पर्सा मे नेपाली कांग्रेस के जिल्ला अधिवेशन केन्द्रीय महाधिवेशन के बाद होखेके जनावल गईल बा । एहितरे १४ गो पालिका रहल पर्सा मे पालिका अधिवेशन भी महाधिवेशन के बाद मात्र होखी ।

एकरा से पहिले कांग्रेस के १२ आ १३ वाँ महाधिवेशन मे भी पर्सा जिल्ला के जिल्ला अधिवेशन, केन्द्रीय महाधिवेशन के बाद हि भईल रहे । अभी १४ वाँ महाधिवेशन मे भी पर्सा मे नेतालोग के असक्षमता आ गुटबाजी के चलते कांग्रेस के पालिका आ जिल्ला अधिवेशन केन्द्रीय महाधिवेशन के बाद होखेके जनावल गईल बा ।

वार्ड अधिवेशन तोकल गईल मिति मे ना करके देरी करेके भईला से अब समय कमी से पालिका आ जिल्ला अधिवेशन के बाद करेके सहमति भईल नेपाली कांग्रेस पर्सा के सचिव श्याम पटेल बतवनी । कहत उ, ‘अभी हि पालिका अधिवेशन कईला पर ओमे समय लागी जउना के चलते प्रदेशसभा निर्वाचन क्षेत्र आ प्रतिनिधिसभा निर्वाचन क्षेत्र करे ना सकल जाई । जदि प्रदेशसभा आ प्रतिनिधि सभा निर्वाचन क्षेत्र के अधिवेशन ना भईला पर प्रदेश अधिवेशन आ महाधिवेशन मे भाग लेवे से पर्सा जिल्ला वञ्चित होखी ।

ओहिसे पालिका आ जिल्ला अधिवेशन केन्द्रीय महाधिवेशन के बाद मात्र करेके सहमति जिल्ला के नेताबीच भईल बा ।’

अभी पालिका आ जिल्ला अधिवेशन ना करके प्रदेशसभा आ प्रतिनिधिसभा निर्वाचन क्षेत्र अधिवेशन करेके तईयारी हो रहल जानकारी भी पटेल देहनी । पटेल कहनी, ‘अब प्रदेशसभा आ प्रतिनिधिसभा निर्वाचन क्षेत्र अधिवेशन कहिया करेके कहके विषय मे नेताबीच छलफल चल रहल बा । सम्भवत अगहन ११ भा १२ गते के मिति तोकेके सम्भावना बा ।’

पर्सा जिल्ला मे कुल १ सय १२ गो वार्ड रहला मे अभी तक कांग्रेस के १११ गो वार्ड मे अधिवेशन पुरा भईल बा । बाँकी रहल छिपहरमाइ गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ के वार्ड अधिवेशन के विषय के लेके अदालत मे मुद्धा परला से उ वार्ड के अधिवेशन भी तत्काल होखेके सम्भावना ना देखल गईल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।