वीरगंज मे मेड ईन नेपाल एक्स्पो होखी

वीरगंज १५ अगहन

वीरगंज मे पहिलका बेर मेड इन नेपाल एक्स्पो एण्ड फुड फेस्ट होखेके जनावल गईल बा । नेपाली युवा उद्यमी फोरम (एनवाईईएफ) वीरगंज अनेकन संघ संस्थासब के सहकार्य मे कार्जक्रम करे लागल बा ।

एनवाईइएफ आजु नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के सभाहल मे पत्रकार सम्मेलन करके फागुन १२ से १५ गते तक प्रदर्शनी सञ्चालन होखेके जानकारी देहले बा । वीरगंज के आदर्शनगरस्थित पुराना बसपार्क मे आयोजना करे लागल प्रदर्शनी मे १ सय २५ से १ सय ३० गो तक स्टल रही ।

टेक्सटाईल, गार्मेन्ट, बैंकिङ तथा वित्तिय संस्था, साना तथा मझौला उद्योग, हस्तकला, कृषि, शैक्षिक संस्था आ स्थानीय चर्चित उत्पादन के स्टलसब राखेके आयाजक जनवले बा । एहितरे स्थानीय खाना के परिकार के १५ गो स्टल भी राखेके जनावल गईल बा । स्वदेश मे उपलब्ध कच्चा स्रोत आ साधन से नेपाली श्रम, सीप आ ज्ञान के प्रयोग करके स्वदेश मे उत्पादित बस्तु तथा सेवा के प्रवद्र्धन एक्स्पो के उद्देश्य बा ।

स्वदेशी उद्यम आ उत्पादन प्रवद्र्धन के उद्देश्य से एक्स्पो करे लागल एनवाईईएफ वीरगंज के अध्यक्ष अनुप अग्रवाल जानकारी देहनी ।

‘करोडो लगानी करके वस्तु उत्पादन करेलन, नेपाली उत्पादन के प्राथमिकता मिलो कहके उद्देश्य से एक्स्पो आयोजना करे लागल’ बतवले बाडन । प्रदर्शनी के खातिर स्टल बुकिङ शुुरू भईल बा । ३० हजार से ७५ हजार तक मे स्टल बुकिङ हो रहल युवा उद्यमी आशिष लाठ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।