शिक्षा के रकम दुरुपयोग, पालिका मे निजी स्कुल के तथ्यांक नईखे, सरोकारवाला गैर जिम्मेवार

प्रभु यादव
बारा ०७ पुस
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका मे रहल निजि स्कुल सब के पालिका मे शिक्षा के बजेट दुरूपयोग होरहल ब । निजी स्कुल मे पढेवाला लईकालईकी सब के नाम सामुदायिक स्कुल मे दर्ता रहल बा ।
स्थानिय सरकार मे शिक्षा के सभे कामकाज जिम्मेवारी आईल दिन से पईसा मे मात्र काम होरहल अभिभावक लोग के सिकायत कईले बाडन । हमनी सभी गरिब बानी लईकालईकी सब समुदायिक स्कुल मे पढाईने माकिर सरकारी कर्मचारी सब के मिलोमतो मे नाम सरकारी मे आ पढाइ निजी मे करावेला जवना से आपन लईकालईकी के जगह मे धनिक के लईकालईकी कोटा मे उच्च पढाइ करे मे पहुचेला जवना से गरिब सब के अधिक घटा रहल कलैया २ महन्थ राम सिकायत कईले बानी । 
समुदायिक स्कुल मे दर्ता रहल संख्या मे पढनियार लईकालईकी सब के खातिर किताब के पईसा, नन सेलरी स्कुल व्यवस्थापन लगायत के बजेट प्रअ आ शिक्षा शाखा के प्रमुख के मिलि भगत मे बाडफाड के समाप्त करेला पत्रकार रमेश साह बतावले बानी ।
कलैया उपमहानगरपालिका के शिक्षा शाखा के प्रमुख प्रहलाद वर्णवाल से जनकारी लेहला पर निजी स्कुल के तथ्यांक ना रहल बा सरकारी स्कुल के मात्र रहल जानकारी करावले बानी । कुछ दिन पहिले निजी स्कुल के अनुगमन कईला पर १२ गो स्कुल मे अनियमित्ता भईल देखल गईल रहल जवना के सुधार के खातिर पत्रचार कईल गईल रहल जवना के बेवास्ता कर के सञ्चालन मेही रहल जनकारी करावले बानी ।
कारवाही करे के अधिकार रहल बा माकिर स्थानिय जननिर्वाचित जनप्रतिनिधि लोग के सहजोग ना भईला से ना करे सकल जारहल वर्णवाल जनकारी करावले बानी । कुछ दिन मे कारवाही करे के काम सुरू करे के वर्णवाल जनकारी करावले बानी ।
सरकारी स्कुल मे दर्ता करा के परीक्षा मात्र देवेवाला लईकालईकी के हर दिन के कलास मे सहभागिता ना भईला पर स्कुल नाम हटावे के जगह मे अधिक सहजोग कईला से समुदायिक स्कुल मे नाम आ पढाइ निजी मे करेवाला के संख्या बढल सुने मे आईल माकिर भेटल ना बा अनुगमन कईल जाए के परी शिक्षा शाखा प्रमुख जनकारी करावले बानी ।





