महोत्तरी से पेस्तोल आ लागू औषध सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज १८ पुस

सशस्त्र पुलीस पेस्तोल आ लागूऔषधसहित महोत्तरी से एक जने के पकडले बा ।

महोत्तरी के लोहरपट्टी नगरपालिका रहेवाला २४ बरीस के मोहम्मद राजा कवाडी के लोहरपट्टी–९ पिपराडी ईलाका से एतवार के सँझिया करिब ७ बजे उनका के पकडल गईल बा ।

उनकर साथ से अमेरिकन पेस्तोल आ नाईट्रोभेट १० पिस भी बरामद कईल सशस्त्र पुलीस जनवले बा । सशस्त्र प्रहरी बल खुट्टा पिपराडी बेस के सशस्त्र प्रहरी नायब निरीक्षक निलहरी दहाल नेतृत्व के टोली ५ जने के टोली उनका के पकडल गईल सशस्त्र प्रहरी बल छिन्नमस्ता बाहिनी महोत्तरी के प्रमुख प्रहरी नायब महानिरीक्षक गणेश ठाडामगर जानकारी देहनी ।

उनका के आउर अनुसन्धान के खातिर नेपाल पुलीस के बुझावेके तईयारी हो रहल सशस्त्र पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।