जिल्ला स्तरिय मेराथुन दौड के तईयारी पूरा

प्रभु यादव

बारा २२ पुस

बारा के बरियापुर मे जिल्ला स्तरीय गढीमाई मैराथुन दौड प्रतियोगिता के तईयारी पूरा भईल पत्रकार समेलन कर के जनकारी महागढीमाई फाउन्डेसन नेपाल जनकारी करावले बा ।

महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्वर २ मे रहल गढीमाई मन्दीर से १० किलो मिटर के दुसरका संस्करण दौड प्रतियोगिता कईल जाए के फाउन्डेसन के अध्यक्ष कृष्ण कुमार गुप्ता जनकारी करावले बानी । दौड प्रतियोगिता मे १८ बरीस से उपर के जवान लडकालडकी तीन सय जने भाग लेवेवाला बा अध्यक्ष गुप्ता जनकारी करावले बानी ।

प्रतियोगिता मे पहिला होखेवाला लईका आ लईकी दुनु के रेन्जर साईकल पुरस्कार देहल जाई । दुसरका पुरस्कार एक लईका आ लईकी के प्रथम पुरस्कार से कम मोल के रेन्जर साईकल तिसरका स्थान मे आईल लडका आ लडकी के हिरो रोयाल साईकल देहल जाए के फाउन्डेसन के अध्यक्ष गुप्ता पत्रकार समेलन मे बोलत जनकारी करावले बानी । सात जने लईका भा लईकी होखो उलोग के सन्तवना पुरस्कार देहल जाई अध्यक्ष गुप्ता जनकारी करावले बानी ।

दौड प्रतियोगिता मे चार लाख खर्च लागेवाला लागत महागढीमाई नगरपालिका आ चन्दा संकलन कर के कईल जारहल अध्यक्ष गुप्ता जनकारी करावले बानी । दौड प्रतियोगिता महागढीमाई फाउन्डेसन नेपाल आ लायन्स क्लव महागढीमाई के संयुक्त आयोजना मे शनिचर के पुस २४ गते सुबह ८ बजे से सञ्चालन होखेवाला बा अध्यक्ष गुप्ता जनकारी करावले बानी ।

संस्था के संस्थापक सदस्य लोग के गारजियन लोग के प्रशंसा पत्र सहित समान कईल जाए के कार्जक्रम रहल गुप्ता जनकारी करावले बानी । दौड प्रतियोगिता मे घावक के सहजोग करेला स्थानिय स्वयम् सेवक, नेपाल प्रहरी, शस्त्र प्रहरी के सहजोग रही जनकारी करावले बा । महागढीमाई फाउन्डेसन नेपाल के अध्यक्ष कृष्ण कुमार गुप्ता के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे फाउन्डेसन के तर्फ से संस्थापक अध्यक्ष सुनिल कुशवाहा, ज्ञानप्रकाश रौनियार, लायन्स क्लब महागढीमाई के अध्यक्ष राजेशवर कुशवाहा, जयराम कुशवाहा लगायत के पत्रकार समेलन मे सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।