जीवन सहारा बतच तथा ऋण सहकारी संस्था ११ बरीस मे पुगल

प्रभु यादव
बारा ०५ माघ
बारा के कलैया मे रहल जीवन सहारा बचत तथा ऋण सहकारी संस्था लिमिटेड १० बरीस पूरा करके ११ बरीस मे प्रवेश कईले बा ।
११ वाँ बार्षिकउत्सव मे पुजा कर के सहकारी के कार्यालय मे आईल सेवाग्राही लोग के स्वागत करत प्रसाद वितरण कईले रहल रहे । सझिया के समय मे मोमबती जराके दिपावली कईल गईल संस्था के प्रबन्ध सुनिल प्रसाद यादव जनकारी करावले बानी ।
बार्षिक उत्सव के उपलक्ष्य मे भईल कार्जक्रम मे संस्था के अध्यक्ष रामअधार ठाकुर, बारा बचत तथा ऋण सहकारी संघ के अध्यक्ष सत्येन्द्र ठाकुर, संस्था के उपाध्यक्ष रामनारायण यादव, सचिव प्रभु प्रसाद यादव, कोषाध्यक्ष सोयब मंसुर, सदस्य फरमुल्लाह मंसुर लगायत शेयर धनी लोग के सहभागिता रहल रहे ।






