समाजवादी युवा संघ के केन्द्रीय महासचिव पटेलद्धारा ब्रहमबाबा मन्दिर के शिलान्यास

मेवालाल यादव
रौतहट ०६ माघ
जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के भातृसंगठन समाजवादी युवा संघ के केन्द्रीय महासचिव दिलीप कुमार पटेल बौधिमाइ नगरपालिका के वार्ड न.२ इनर्वा नदिपारी मे आजु एक कार्जक्रम आयोजन करके ब्रहमबाबा मन्दिर निर्माण के खातिर शिलान्यास कईले बाडन ।
महासचिव पटेल एकरा से पहिले भी सभी इनरवावासी मेसे गरीब, अतिविपन्न, दलित, अनेकन किसिम के बेमारी से पीडि़त सर्वसाधारण लगायत एकल जनानीलोग के सकेभर आपन निजी लगानी मे अनेकन राहत सामान लगायत नगद सहजोग करत आईल स्थानियलोग बतवले बाडन । इहे अन्तर्गत आजु एगो कार्जक्रम के बीच उ मन्दिर के शिलान्यास करके निर्माण काम आपन निजी लगानी मे करेके उ बतवले बानी । एकरा से पहिले भी पटेल बौधिमाई के वार्ड नं.२ इनरवा नादिवारि मे अधुरा रहल ब्रह्मबाबा मंदिर के निर्माण काम पुरा कईले बाडन ।
युवालोग के ढुकढुकी के रुप मे प्रसिद्ध भईल युवा नेता पटेल बौधिमाई नगरपालिका के बार्ड नं.२ अंर्तगत के समग्र इनरवा मे स्थलगत अनुगमन करके जरुरी अनेकन बिकास निर्माण के कामसब जलदी संचालन करेके सर्वसाधारणलोग के आश्वासन देहले बानी ।
बितल साढ़े चार बरीस मे समग्र इनरवा मे बिकास होखे ना सकल शिक्षा, स्वास्थ्य, रोजगारी, रास्ता, मठ मंदिर जईसन अनेकन बिकास निर्माण के कामसब जलदी हि वार्डवासीलोग से देखे सकेके आ ओकरा खातिर खुद हरदम तत्पर रहेके उ बतवले बानी ।
शिलान्यास कार्जक्रम मे स्थानीय बुद्धिजीवी, नेता कार्यकर्ता, भद्रभलादमी लगायत सर्वसाधारणलोग के उपस्थिति रहल रहे ।






