प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत के सरूवा के विरोध करत पालिका घेराव

प्रभु यादव
बारा ६ माघ
बारा के बारागढी गाँवपालिका खोपवा के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत अमोद चौधरी के सरुवा भईल ओकर विरोध मे स्थानिय बासिन्दा तथा युवा सब पालिका के घेरले रहलन ।
स्थानिय लोग सरुवा के विरोध करत पुन बहाली के माग करत नारावाजी कईले रहलन । पुस २८ गते संघिय मामिला तथा समान्य प्रशासन मन्त्रालय से सरूवा के पत्र लेके प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत वकिल पाल हाजिर होखे आईल तब बारागढी गाँवपालिका के अध्यक्ष देवदत बछाड थारू अभि हाजिर ना करायब कह के फिर्ता पठावले रहलन । पुस २९ गते फिर कार्यालय मे पुगला वाद अधिकृत पाल के अध्यक्ष थारू हाजिर ना करा के आलटाल कईलापर उपाध्यक्ष लक्ष्मी देवी राय हाजिर करावले रहली ।
सरूवा भईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकत आमोद चौधरी पालिका के स्थानिय बासि रहल बाडन । बारागढी गाँवपालिका मे अधिक चौधरी लोग के बासोबास भईला से जातीवाद के राजनिती कर के विरोध कईल जारहल कुछ स्थानिय लोग के कहनाम रहल बा ।





