ठेक्का बदर कर के फिरसे बोलपत्र अहवान करेके माग

प्रभु यादव
बारा ०६ माघ
बारा के प्रसौनी गाँवपालिकाका मे मेलमिलाप मे ठेक्का के बोलपत्र निकालके ठेक्का लगावल गईल विरोध करत ठेक्का के बदर करे के माग निर्माण व्यवसायी संघ बारा जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे पत्र बुझावले बा ।
बारा निर्माण व्यवसायि संघ के अध्यक्ष सुरेन्द्र जयसवाल के अगुवाई मे ठेक्का बदर के माग करत पत्र बुझवले बा । पालिका से निकालल बोलपत्र ठेक्का मेलमिलाप मे निकलला से बारा, पर्सा आ रौतहट के ठेकेदार बेखबर भईल पत्र मे जनावल गईल बा ।
प्रसौनी गाँवपालिका २०७८÷८÷२७ गते के एगो पत्रीका मे बोलपत्र विभिन्न निर्माण ८ (आठ) कार्य के खातिर ३८४३२६५७÷–( तीन करोड चौरासी लाखा बत्तीस हजार छव सय) के गोप्य तरिका से अवहान कईल गईल जनकारी करावल गईल बा । सुनियोजित तरिका से योजना बनाके खास ठेकदार सब से मिलीभगत कर के टेन्डर रकम के पाँच प्रतिशत रकम अगाडी लेके सुचना के बारा, पर्सा रौतहट के जिल्ला सब मे कहिओ ना आवेवाला कवनो के नामे थाह ना भईल पत्रिका मे सुचना गोप्य मे प्रकाशित कर के आपने शंकास्पद आ मेलमिलाप मे भईल आरोप निर्माण व्यवसायी संघ बारा के रहल बा ।
एकरा से पहिले भि नाला बनावे के ओही तरिका अपना के कईले रहल आरोप रहल बा । गोप्य तरिका से टेन्डर अवहान कर के ठेकदार के मौलिक हक आ नेपाल सरकार के राजस्व घाटा करेवाला काम कईल गईल निर्माण व्यवसायी संघ बारा के कहनाम रहल बा । सार्बजनिक खरिद ऐन २०६३ दफा २६ उपदफा (६) बमोजिम एक आपस मे मिलिभगत मे देखल बोलपत्र स्वतह अस्विकृत होखे के ऐन रहेल बा पत्र मे जनकारी करावले बा ।
मिलिभगत मे दर्ता भईल बोलपत्रल के अस्विकृत कर के दुसर सुचना प्रकाशित करेके कहत कार्वाहि के खातिर जिल्ला प्रशासन बारा, प्रसौनी गाँवपालिका बारा आ अख्तियार दुरुपयोग तथा अनुसन्धान कार्यालय हेटौंडा मकवानपुर मे निर्माण व्यवसायी संघ बारा पत्र पेठावल अध्यक्ष सुरेन्द्र प्रसाद जयसवाल जनकारी करावले बानी ।






