स्थायी राजधानी के माग करत वीरगंज मे विद्यार्थी संगठनद्धारा सिटी जुलुश

वीरगंज ०८ माघ
सयुँक्त युवा विद्यार्थी संगठन मधेस प्रदेश के स्थायी राजधानी वीरगंज ना भईल आक्रोश मे आजु बिरोध स्वरुप सिटी जुलुश निकलले बाडन ।
संगठन के अध्यक्ष मोहमद नेजाम के अध्यक्षता मे वीरगंज के ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस से निकलल सिटी जुलुश आदर्शनगर होत माइस्थान मे पुगके समापन भईल रहे ।
सिटी जुलुश मे सहभागी विद्यार्थी नेतालोग ‘मुख्यमन्त्री मुर्दावाद, विद्यायकसब मुर्दावाद, वीरगंज के राजधानी कायम कर’ लगायत के नारा लगावत बिरोध प्रदर्शन कईले रहलन ।
प्रदर्शन मे नेविसंघ के पूर्व केन्द्रिय सदस्य सुधिर पटेल, अरुण यादव, लोकतान्त्रीक समाजवादी पार्टी (लोसपा) पर्सा के उपाध्यक्ष सुजित गिरी, अनेरास्ववियु ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस इकाई कमिटी अध्यक्ष आशिफ अहमद, अखिल क्रान्तिकारी वीरगंज महानगर सचिव मिरोज अहमद लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
एकरा से पहिले बियफे के दिने वीरगंज के घण्टाघर मे विरोध प्रदर्शन कईल उलोग शुक के दिने मसाल जुलुश निकलले रहलन ।






