धोबिनी गा.पा. के योजना शाखा प्रमुख पटेल उपर दुव्र्यवहार

वीरगंज १४ माघ

पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका के योजना शाखा प्रमुख पप्पु पटेल उपर दुर्व्यवहार भईल बा । गाँवपालिका के वार्ड नम्बर १ के वार्ड सदस्य शान्तिदेवी के मरद धर्मन राउत कुर्मी सहित ठेकेदार आ स्थानीय के एक समुह पटेल उपर दुर्व्यवहार कईले बाडन ।

गाँवपालिका से कृषक के वितरण करेवाला मोटर खुद से कहल ठेक्दार मार्फत खरिद ना कईल आक्रोश मे धर्मन सहित के समुह योजना शाखा प्रमुख पप्पु के उनकर कार्यकक्ष मे गाली गलौजसहित लछार पछार करत पिटपाट के प्रयास भी कईल नेपाल निजामती कर्मचारी संगठन पर्सा जनवले बा ।

स्रोत के मुताविक धर्मन एक जने ठेकेदार से कमिसन लेके उनका के हि मोटर खरिद के खातिर जिम्मा देवेके डिल कईले रहलन । माकिर उ ठेक्दार के सप्लार्यस मार्फत गाँवपालिका मोटर खरिद ना कईला के बाद धर्मन सहित के समुह बियफे के दिने गाँवपालिका के योजना शाखा प्रमुख पप्पु के के कर्यकक्ष मे उनका के २ घण्टा तक बन्द करके कोठरी बाहर भी निकले ना देके बेइज्जत कईले बाडन ।

संगठन के अध्यक्ष अमित कुमार गिरी आ सचिव सुरेन्द्र प्रसाद यादव एक प्रेस विज्ञप्ती जारी करत कर्मचारी के दुर्व्यवहार करेवाला उपर कारवाही ना कईला पर कामकाज ठप्प करेके चेतावनी देहले बाडन ।

जारी विज्ञप्ती मे धोबिनी गाँवपालिका १ से ५ नं. वार्ड के किसानलोग के मोटर वितरण करेके योजना स्वीकृत होके स्वीकृत योजना मुताविक धोविनी गाँवपालिका उ मोटर प्रकृया मुताविक खरिद करके जरुरी किसानलोग के मोटर वितरण करे खातिर वार्ड मे पठावल उल्लेख बा ।

कर्मचारी संगठन ५÷७ जने आदमीसब सँगे बियफे के दिने गाँव कार्यपालिका कार्यालय मे पुगल धर्मन दुराशय मनशाय से कार्यालय के कउनो भी सामान खरिद करे खातिर आ विकास योजना हमरा मुताविक कर कहला पर ना मनलन आ मोटर खरिद मे भी हमरा से कहल ठेकेदार मार्फत खरिद ना कईल आ कहल मुताविक वितरण ना कईल कहके जथाभावी गाली गलौँज करके लछार पछार करेके भी प्रयास कईल तथा कार्यालय कक्ष मे २ घण्टा बन्द करके बाहर भी निकले ना देके बेइज्जत कईल घटना उपर गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल जनावल गईल बा ।

अईसन काम से राष्ट्र सेवक कर्मचारीलोग के मनोबल कमजोर होखेके तथा सेवा प्रवाह मे भी प्रभावकारीता कायम ना रहेके बात विज्ञप्ती मार्फत सचेत करावत कर्मचारी संगठन अईसे प्रतिशोध तथा पूर्वाग्रह से प्रेरित होके कर्मचारीलोग के मान सम्मान तथा इज्जत प्रतिष्ठा से खेलवाड करेवाला निज धर्मन के कानुन बमोजिम यथासिघ्र कारवाही करके पिडित कर्मचारी के न्याय देवे खातिर प्रशासन से माग कईले बा ।

अन्यथा पर्सा जिल्ला के सभी कार्यालय बन्द करेके चेतावनी देत संगठन ओकर सभी जिम्मेवार सम्बन्धित प्रशासन के होखेके जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।