सहकारी के लगानी उत्पादनमूलक काम मे लगावेके परल : अध्यक्ष ठाकुर

प्रभु यादव

बारा १५ माघ

बारा के कलैया उपमहानगरपालिका ५ मे रहल जीवन सहारा बचत तथा ऋण सहकारी लिमिटेड ११ वां सधारण सभा सम्पन्न कईले बा ।

सधारण सभा के प्रमुख अतिथि बारा जिल्ला बचत तथा ऋण सहकारी संघ के अध्यक्ष सत्येन्द्र ठाकुर सहकारी के लगानी उत्पादनमूलक काम मे लगावेके परल जोड देहले बानी । संस्था के सदस्य लोग उत्पादन मुखि काम मे लगानी बढाई तब ही प्रगति तर्फ बेसी आ सफलता प्राप्त करी ठाकुर जनकारी करावले बानी ।

सहकारी के नीति आ सिद्धान्त के मान के अगाडि बढला पर संस्था के प्रगति होई आ शेयर सदस्य लोग आयआर्जन ओर निरभर बनी अध्यक्ष ठाकुर जनकारी करावले बानी । सहकारी के वरीस भर के आयव्यय दु करोड ९० लाख ६६ हजार दु सय ६३ रोपेया ७२ पईसा के संस्था के अध्यक्ष रामअधार प्रस्तुत कईले रहनी ।

उत्कृष्ट बचतकर्ता अम्जद हुसेन आ उत्कृष्ट ऋणी आकाश कुमार साह के प्रमुख अतिथि ठाकुर अविर के टीका लगाके दोसला ओढा के समान कईले रहनी । रामराजा मोहन विक्रम बहुमुखी क्याम्पस मे भईल कार्जक्रम के सञ्चालन संस्था के सचिव प्रभु प्रसाद यादव कईले रहनी आ स्वागत उपाध्यक्ष रामनारायण यादव, आर्थिक प्रतिवेदन कोषाध्यक्ष म. स्वयब मसुर प्रस्तुत कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे सहकारी के कार्यसमिति सदस्य, रम्भा देवी, फरमुल्लाह मंसुर, गिता देवी, व्यवस्थापक सुनिल यादव, लेखा समिति सदस्य सुजायत अंसारी शेयर सदस्य शैलेस यादव लगायत शेयर सदस्य लोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।