पचरौता मे १५ शैया के सुविधा सम्पन्न अस्पताल उदघाटन

प्रभु यादव
बारा १ फागुन
बारा के पचरौता नगरपालिका के वार्ड नम्बर ४ बेल्दारी मे १५ शैया के नगर अस्पताल के उदघाटन सम्पन्न भईल बा ।
अस्पताल के उदघाटन कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि पचरौता नगरपालिका के मेयर रमेश कुमार यादव पहिलका स्थानिय चुनाव मे जनता संग कईल प्रतिबध्ता अनुसार स्वास्थ आ शिक्षा मे काम कईल बतावले बानी । २५ रोपेयाँ मे एमडि डाक्टर से पचरौता के नागरिक लोग के उपचार करेला आ सलाह सुझाव लेवेला १५ शैया के अस्पताल के ब्य्वस्था करावल मेयर यादव जनकारी करावले बानी ।
आपने मेयर मे निर्वाचित भईल समय से बिपक्षी लोग नगरपालिका के काम काज रोके के खातिर बहुते किसिम के मुदा तथा अख्तियार तक समस्या सब बनावल सभे के झेलत आज विकास के काम अगाडि बढवले बानी यादव बतावले रहनी ।
नगरपालिका के काम काज असफल बनावेला बोड समेत अवरोध विपक्षी सब के कईले रहल मेयर यादव जनकारी करावले रहनी । अभि नगरपालिका के कामकाज मे अवरोध खडा कर के विकास के काम रोकेवाला लोग भेस बदल के जनता के भ्रमित करेवाला काम के दिन रात लागल रहल मेयर यादव बतावले बानी । जनता संगे कईल प्रतिबद्धता अनुसारअपने काम कईले बानी आवेवाला दिन मे जनता लोग साथ दिहे तब पचरौता के सहर जईसन हराभरा पचरौता बनादेवे के समेत मेयर यादव बतावले बानी ।
उदघाटन कार्जक्रम के अध्यक्षता वार्ड अध्यक्ष कन्हैया प्रसाद यादव के रहल जवना मे विशिष्ट अतिथि प्रमुख प्रसास्किय अधिकृत श्याम प्रसाद यादव, वार्ड अध्यक्ष मनोज यादव, जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय के निमित्त प्रमुख रामनरेश यादव, प्रमोद यादव कर्मचारी लगायत के सहभागिता रहल रहे । नगर अस्पताल मे मिलेवाला सुबिधा फार्मेसी सेवा गर्भवती जाँच सेवा भिडियो एकसारे डिजिटल एकसरे ओपिटि सेवा नेबुलाइजर २४ से घन्टा एमबुलेन्स के सेवा प्रवाह कईल जाएके अस्पताल के प्रसासन प्रमुख रमलेस यादव जनकारी करावले रहनी । उदघाटन कार्जक्रम मे जग्गा दाता रामजती यादव के गामछा ओढा के प्रमुख अतिथी मेयर यादव समानित कईले रहनी ।





